Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोरोना के बढ़ला पs लॉकडाउन लागल

0 74
सीवान इन्शुरेंस 720 90

चीन के शंघाई में कोरोना के बढ़त ममिला के धेयान में राखत सोमार के सख्त लॉकडाउन लागू कs दिहल गइल बा। पिछिला दिने शंघाई में स्थानीय स्तर पs संक्रमण के 50 आउर विदेस से आइल लोगन से जुड़ल 10 गो ममिला दरज कइल गइल। पहिला चरण के लॉकडाउन स्थानीय समे के मोताबिक भोर के पांच बजे से एक अप्रिल ले लागू रही। लॉकडाउन शंघाई के अलावा पोंगडांग, फेंगशियांग, जिंशान आउर चोंगमिंग समेत हुआंग्पू नदी के पुरुब आउर पछिम के झेत्र में प्रभावी रही।

233030cookie-checkकोरोना के बढ़ला पs लॉकडाउन लागल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Leave A Reply

Your email address will not be published.