Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जापान में लागल जय श्री राम के नारा : मोदी के स्वागत खातिरो लोग लगावे लागल ‘हर हर मोदी’ नारा

भारतीय लोग कहल - जे काशी के सजावल, उ टोक्यो आइल बानें

103
सीवान इन्शुरेंस 720 90

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमवार के सबेरे जापान के राजधानी टोक्यो पहुंचले। मोदी इहाँ क्वाड शिखर सम्मेलन में भाग लेवे आईल बाड़े। जापान पहुंचला प मोदी के भारतीय समुदाय के ओर से भरपूर स्वागत भईल अउरी जय श्री राम के नारो लगावल। भारतीय लोग कहल – जे काशी के सजवले बा ऊ टोक्यो आइल बा.

प्रधानमंत्री मोदी मंगलवार के सांझ ले टोक्यो में रहीहे। जापान के चालीस घंटा के यात्रा के दौरान पीएम अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन, जापान के प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा आ आस्ट्रेलिया के नवनिर्वाचित प्रधानमंत्री एंथोनी अल्बानी से भेंट करीहें. संगही, उ जापान के 35 बिजनेस लीडर अउरी CO से मुलाकात करीहे। एह दौरान ऊ 23 गो बइठकन में भाग लीहें. माने कि 40 घंटा में 1 राष्ट्रपति, 2 बजे अउरी 35 CO रहिहें।

जापान से बिजनेस लीडर लोग से मुलाकात

जापान के पीएम फुमियो किशिदा के नेवता प पीएम मोदी जापान पहुंचल बाड़े। उ कहले कि ए साल मार्च में किशिदा भारत-जापान वार्षिक शिखर सम्मेलन में भाग लेवे खातीर भारत आईल रने। टोक्यो यात्रा के दौरान भारत आ जापान के बीच सामरिक आ वैश्विक साझेदारी पर चरचा कइल जाई.

मोदी-बाइडेन रूस-यूक्रेन मुद्दा प बात करीहे

क्वाड मीटिंग के किनारा में पीएम मोदी आ अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन टोक्यो में द्विपक्षीय बइठक करीहें. एह बइठक में द्विपक्षीय संबंधन के अलावे रूस-यूक्रेन मुद्दो पs चरचा कइल जाई.

पीएम मोदी के 23 मई के कार्यक्रम

पीएम मोदी जापान पहुंचिहें
एनईसी निगम के अध्यक्ष से मुलाकात
यूनिक्लो के अध्यक्ष से मुलाकात
सुजुकी मोटर्स के सलाहकार से मुलाकात
सॉफ्टबैंक ग्रुप के अध्यक्ष से मुलाकात
भारत प्रशांत आर्थिक साझेदारी के शुरुआत
जापानी बिजनेस लीडरन के साथे गोलमेज सम्मेलन के बइठक
जापान में भारतीय समुदाय के साथे बातचीत

पीएम मोदी के 24 मई के कार्यक्रम

क्वाड शिखर सम्मेलन में शामिल होखीहें
जापान प्रधानमंत्री के सरकारी आवास के दौरा करीहें
जापान के पीएम के ओर से आयोजित क्वाड लंच में शामिल होईहे
अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन से मुलाकात भइल
ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री से मुलाकात
जापान के पूर्व प्रधानमंत्री योशिहिदे सुगा से मुलाकात
जापान-भारत संघ के अध्यक्ष से मुलाकात
जापान के प्रधानमंत्री के संगे रात के खाना खईहे
दिल्ली खातिर रवाना हो जइहें|

255800cookie-checkजापान में लागल जय श्री राम के नारा : मोदी के स्वागत खातिरो लोग लगावे लागल ‘हर हर मोदी’ नारा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.