PM Modi In Japan: पीएम मोदी पहुंचले जापान, स्वागत खातिर उमड़ल भारतीय समुदाय, काल्ह क्वाड सम्मेलन में करिहे शिरकत

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जापान के राजधानी टोक्यो पहुंच गइल बाड़े। ऊ जापान के प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा के नेवता (निमंत्रण) पs 23-24 मई के दौरा ला उहां पहुंचल बाड़े। उहां पीएम मोदी क्वाड शिखर सम्मेलन में

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जापान के राजधानी टोक्यो पहुंच गइल बाड़े। ऊ जापान के प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा के नेवता (निमंत्रण) पs 23-24 मई के दौरा ला उहां पहुंचल बाड़े। उहां पीएम मोदी क्वाड शिखर सम्मेलन में हिस्सा लिहे। प्रधानमंत्री मोदी जापान में लगभग 40 घंटा के अपना प्रवास के दौरान विश्व के तीन नेता लोग के संगे बइठक सहित 23 कार्यक्रमन में शामिल होइहे। पीएम मोदी टोक्यो में 24 मई के क्वाड शिखर सम्मेलन में अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन, ऑस्ट्रेलिया आ जापान के प्रधानमंत्री लो के संगे शामिल होइहे। ऊ 36 से बेसी जापानी सीईओ आ सैकड़न भारतीय प्रवासी सदस्य लो के साथे बातचीत करिहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.