Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत के एकमात्र रेलवे स्टेशन, जहवाँ जाए खातिर वीजा आ पासपोर्ट लागेला, ओकर नाम जान लीं

भारतीय रेलवे के चर्चा पूरा दुनिया में होला काहें से कि ई एशिया के सभसे बड़ रेल नेटवर्क हवे। एकरा पीछे सबसे बड़ कारण इ बा कि भारत के आबादी बहुत जादा बा, जवन कि लगातार बढ़त जा ता। एही कारण से भारत के लगभग सभ ट्रेन में सफर करे वाला लोग के कवनो कमी नईखे।

143

भारत के एकमात्र रेलवे स्टेशन, जहवाँ जाए खातिर वीजा आ पासपोर्ट लागेला, ओकर नाम जान लीं

भारतीय रेलवे के चर्चा पूरा दुनिया में होला काहें से कि ई एशिया के सभसे बड़ रेल नेटवर्क हवे। एकरा पीछे सबसे बड़ कारण इ बा कि भारत के आबादी बहुत जादा बा, जवन कि लगातार बढ़त जा ता। एही कारण से भारत के लगभग सभ ट्रेन में सफर करे वाला लोग के कवनो कमी नईखे।

भारत में लगभग 8500 रेलवे स्टेशन बा जहाँ से रोज करोड़ों लोग आवेला, लेकिन का रउवा कबो अइसन स्टेशन के बारे में सुनले बानी जहाँ जाए खातिर वीजा आ पासपोर्ट के जरूरत होला। त आईं अब ओह रेलवे स्टेशन के बारे में पता कइल जाव –

 

 एह रेलवे स्टेशन पर जाए खातिर वीजा-पासपोर्ट जरूरी ह

हमनी के सब केहू जानत बानी जा कि हमनी के दोसरा देश में जाए के समय वीजा अउरी पासपोर्ट के जरूरत होखेला, लेकिन भारत में एगो रेलवे स्टेशन बा, जहां भारतीय लोग के उहाँ जाए खातीर वीजा अउरी पासपोर्ट के भी जरूरत होखेला।

जवना रेलवे स्टेशन के हम बात करत बानी ओकर नाम पहिले अटारी रहे बाकिर अब ओकरा के बदल के अटारी श्याम सिंह स्टेशन कर दिहल गइल बा| ई रेलवे स्टेशन पंजाब के अमृतसर में बा जहाँ भारतीय नागरिकन के पाकिस्तान घूमे खातिर वीजा लेबे के पड़ेला|

भारतीय जे एह रेलवे स्टेशन पर बिना वीजा आ पासपोर्ट के पकड़ल जाला, ओह लोग पर 14 विदेशी अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज हो जाला। ओह हालत में ओह लोग के जमानत मिलल बहुते मुश्किल हो जाला, एह चलते अगर अटारी श्याम सिंह रेलवे स्टेशन पर जाए के बा त ओकरा पहिले पाकिस्तान खातिर वीजा लेबे के पड़ी|

 

 ई पंजाब के आखिरी रेलवे स्टेशन हवे

अटारी श्याम सिंह भारत के सबसे छोट रेलवे स्टेशन ह, जवना के एक ओर अमृतसर अउरी दूसरा ओर लाहौर बा। इ पंजाब के आखिरी रेलवे स्टेशन ह। समझौता एक्सप्रेस भारत के सबसे वीवीआईपी ट्रेन ह अउरी एकर हरियर झंडा अटारी रेलवे स्टेशन से भी देखावल गईल रहे। जब से कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावल गइल तब से ई सम्झौता एक्सप्रेस बंद हो गइल बा|

472320cookie-checkभारत के एकमात्र रेलवे स्टेशन, जहवाँ जाए खातिर वीजा आ पासपोर्ट लागेला, ओकर नाम जान लीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.