Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elon Musk Richest: एलन मस्क फेरू बनलें दुनिया के सबसे अमीर आदमी, जानि फेरू कईसे हासिल कइले पहिला पायदान

एह साल टेस्ला के स्टॉक्स में 90 फीसदी के बढ़ोतरी दर्ज कईल गईल। एकरा चलते एलन मस्क 2023 में अपना संपत्ति में 36 फीसदी माने 50 अरब डॉलर जोड़ले।

443

अरबपति एलन मस्क एक हाली फेरू दुनिया के सबसे अमीर आदमी बन गइल बाड़े। ब्लूमबर्ग के लगातार अपडेट होखे वाला बिलियनेयर इंडेक्स के मुताबिक, 187 अरब डॉलर के संपत्ति के संगे मस्क एक हाली फेरू अरबपतियन के सूची में पहिलका स्थान हासिल कई लेले बाड़े। उ पिछला साले अमीर लोगन के लिस्ट में पहिला स्थान पs पहुंचे वाला फ्रेंच लग्जरी ब्रांड लुइस वित्तन के सीईओ बर्नार्ड अरनॉल्ट के पीछे कई देले बाड़े।

 

कतना भईल एलन मस्क के संपत्ति?

ताजा आंकड़न के मुताबिक, एलन मस्क के कुल संपत्ति 187.1 अरब डॉलर बा। ओहिजे, बर्नार्ड अरनॉल्ट के संपत्ति 185.3 अरब डॉलर आंकल गईल बा।

कईसे फेरु से नंबर-1 पs पहुंचले मस्क?

पिछला साल अमीर लोगन के लिस्ट में दूसरा नंबर पर खिसके वाला एलन मस्क के संपत्ति में 2023 में जबरदस्त बढ़ोतरी भईल बा। एकर बड़का वजह बा उनकर ऑटो कंपनी टेस्ला के शेयरन में बढ़ोतरी। एह साल टेस्ला के स्टॉक्स में 90 फीसदी के बढ़ोतरी दर्ज कईल गईल। एकरा चलते एलन मस्क 2023 में अपना संपत्ति में 36 फीसदी माने 50 अरब डॉलर जोड़ले। ई बात एहू से ध्यान देवे जोग बिया काहें कि दिसंबर के अंत तक ले मस्क के संपत्ति घट 137 अरब डॉलर तक आ गईल रहे। एह दउरान उ अपना संपत्ति में से 200 अरब डॉलर गंवावे वाला पहिला आदमी बन गइल रहले।

ट्विटर के खरीदला के बाद नेटवर्थ में आई रहे कमी 


अक्तूबर में 44 अरब डॉलर में ट्विटर के अधिग्रहण के ठीक एक हफ्ता के बाद कंपनी के राजस्व में बड़हन गिरावट आईल रहे, जेकरा खातिर एलन मस्क विज्ञापन देबे वाला पs दबाव डाले वाला कार्यकर्ता समूहन के जिम्मेदार ठहरवले। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एकरा बादे मस्क  कंपनी में से आधा से  बेसी कर्मचारियों को कम कई दिहले  आ माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs ब्लू  टिक खातिर सब्सक्रिप्शन सेवा शुरू कइले। अतने ना कंपनी के सैन फ्रांसिस्को मुख्यालय से यादगार वस्तुअन के नीलामीयो  कइले रहले।
472310cookie-checkElon Musk Richest: एलन मस्क फेरू बनलें दुनिया के सबसे अमीर आदमी, जानि फेरू कईसे हासिल कइले पहिला पायदान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.