अरबपति एलन मस्क एक हाली फेरू दुनिया के सबसे अमीर आदमी बन गइल बाड़े। ब्लूमबर्ग के लगातार अपडेट होखे वाला बिलियनेयर इंडेक्स के मुताबिक, 187 अरब डॉलर के संपत्ति के संगे मस्क एक हाली फेरू अरबपतियन के सूची में पहिलका स्थान हासिल कई लेले बाड़े। उ पिछला साले अमीर लोगन के लिस्ट में पहिला स्थान पs पहुंचे वाला फ्रेंच लग्जरी ब्रांड लुइस वित्तन के सीईओ बर्नार्ड अरनॉल्ट के पीछे कई देले बाड़े।
कतना भईल एलन मस्क के संपत्ति?
ताजा आंकड़न के मुताबिक, एलन मस्क के कुल संपत्ति 187.1 अरब डॉलर बा। ओहिजे, बर्नार्ड अरनॉल्ट के संपत्ति 185.3 अरब डॉलर आंकल गईल बा।






