Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Iran: ईरान में सैकड़न गो लईकियन के दिआइल जहर! स्कूल जाए से रोके खातिर ई हैवानियत, जानि का बोलल ईरानी सरकार?

ईरान में पिछला कुछ महिनन से स्त्री के अधिकार आ ओह पे मुखर स्वर बड़ा तेज हो रहल बा ,बुर्का विवाद होखे भा स्त्री आ लइकी लोग के पढ़े- लिखे के मामला अब एगो बड़ा अमानवीय ख़बर ईरान से आ रहल बा।

828

अतवार के ईरान के डिप्टी स्वास्थ्य मंत्री यूनुस पनाही एह घटना के पुष्टि कइले बाड़े। ईरान के स्थानीय मीडिया के अनुसार, कोम के स्कूलन में कई गो छात्रा लोगन के जहर दिहल गईल।

ईरान में एगो हैरान करे वाला ममिला सोझा आइल बा । दरअसल ईरान के एगो शहर में लईकियन के स्कूल जाए देबे से रोके खातिर सैकड़न से बेसी लईकियन के जहर देबे के मामला सोझा आइल बा। ईरान के एगो मंत्री एकर खुलासा कइले बाड़े । मंत्री  बतवले कि ईरान के पवित्र शहर कोम समेत कई जगहन पs लईकियन के स्कूल के बन करावे खातीर कुछ लोगन द्वारा सैकड़न से बेसी छात्रा लोगन के जहर दिहल गइल। जहर केमिकल कंपाउंड के रूप में दिहल गइल आ अबहिं तक एह मामला में कवनो गिरफ्तारी नइखे भईल। फिलहाल मामला के जांच चल रहल बा।

पिछला साल नवंबर में कोम शहर में स्कूली छात्रा लोगन के देहीं में जहर के पुष्टि भईल, जवना में से कई गो के अस्पताल में भर्ती करावे के परल। अतवार के ईरान के डिप्टी स्वास्थ्य मंत्री यूनुस पनाही  एह घटना के पुष्टि कइले बाड़े। ईरान के स्थानीय मीडिया के अनुसार, कोम के स्कूलन में कई  गो छात्रा लोगन के  जहर दिहल गइल। कुछ लोग चाहत रहे कि कुल्ही स्कूल खास कईके लईकियन के स्कूल बन हो जाए। हालांकि ईरान के मंत्री पनाही  एह मामला में अउरी बेसी जानकारी देबे से माना कई देले बाड़े। फिलहाल ईरान सरकार मामला के जांच कई रहल बिया।

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, ईरान के चार शहरन के 14 गो स्कूलन में पढ़े वाली छात्रा लोगन के निशाना बनावल गईल। एह में उत्तर पश्चिमी शहर आर्देबिल, राजधानी तेहरान, पश्चिमी शहर बोरोजर्द आ कोम शहर शामिल बा। कोम शहर के ईरान के सबसे पवित्र शहर मानल जाला  आ ई शहर बेहद रूढ़िवादी आ धार्मिक तउर पs कट्टर शहर मानल जाला । ईरान देश के अधिकतर नेता आ राष्ट्रपति  कोमें शहर से धार्मिक शिक्षा लेले बा लो। सोशल मीडिया पs कई गो वीडियो भी सोझा आइल रहे जवना में परिजन शिक्षण संस्थानन के बहरी विरोध प्रदर्शन करत रहले ।

लईकियन के जहर देबे के ममिला अईसना समें सोझा आइल बा , जब हाले में ईरान में हिजाब विरोधी हिंसक विरोध प्रदर्शन पूरा देश में फईल गईल रहे आ मय दुनिया में एह लोगन के समर्थन मिलल रहे। 22 बरिस के एगो युवती महसा अमीनी के पुलिस हिरासत में भईल मउत के बादे ई विरोध प्रदर्शन भड़कल रहे, जवन बाद में हिंसक रूप ले लेले रहे । एह विरोध प्रदर्शन में सुरक्षा बल से कथित तउर पs 500 से बेसी लोगन के मउत भईल रहे आ चार प्रदर्शनकारियन के फांसी की सजा दिहल गईल रहे। एह विरोध प्रदर्शन में शामिल हजारन लोगन के जेल में डाल दिहल गइल रहे।

471760cookie-checkIran: ईरान में सैकड़न गो लईकियन के दिआइल जहर! स्कूल जाए से रोके खातिर ई हैवानियत, जानि का बोलल ईरानी सरकार?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.