चंडीगढ़। 15 अगस्त से पहिले चंडीगढ़ पुलिस के ऑपरेशन सेल एगो बड़ कार्रवाई करत पाकिस्तान से कथित तौर पs आइल हथियारन के संगे तीन बदमाशन के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस के मोताबिक, आरोपियन के लगे से एगो जिगाना पिस्टल, दू गो पीएफ-3 पिस्टल, दूगो मैगजीन आ 19 गो कारतूस बरामद भइल बा।
पुलिस के दावा बा कि तीनो आरोपी दीपक नंदल गैंग से जुड़ल बाड़ें सs। आरोप बा कि एह हथियारन के गुरुग्राम में रंगदारी वसूली खातिर फायरिंग के वारदात में इस्तेमाल करे के योजना रहे। समय रहते गिरफ्तारी होखला से स्वतंत्रता दिवस से पहिले संभावित वारदात के मंसूबा नाकाम हो गइल।

चेकिंग के दौरान तीनो आरोपी धरइलें सs
गिरफ्तार आरोपी में अजय करीब 19 साल के बा, जबकि रोहित आ देव के उमिर करीब 18 साल बतावल गइल बा। पुलिस के अनुसार, अजय जींद में मारुति कंपनी में हेल्पर के काम करत रहे। आरोप बा कि उहे रोहित आ देव के गैंग के संपर्क में ले आइल।
रोहित जींद में इलेक्ट्रिक के दुकान पs काम करत रहे, जबकि देवो दुकान पs हेल्पर रहे। पुलिस के मोताबिक, गैंग के ओर से एह जुवकन के मोट रकम के लालच देके नेटवर्क में सामिल कइल गइल।
15 अगस्त के देखत चंडीगढ़ में सुरक्षा बेवस्था कड़ा कइल गइल बा। एही दौरान ऑपरेशन सेल के टीम चेकिंग करत तीनो के पकड़ लेलस। तलाशी में अत्याधुनिक हथियार बरामद भइल।
गुरुग्राम में टारगेट के रेकी के आरोप
पुलिस के जांच में सामने आइल कि आरोपियन के गुरुग्राम भेजके एगो संभावित टारगेट के रेकी करावल गइल रहे। अब पुलिस ई पता लगावे में जुटल बिया कि टारगेट के पीछे केकर हाथ रहे आ फायरिंग के साजिश में आउर कवन लोग सामिल रहे।
ड्रोन से पाकिस्तान से हथियार आवे के दावा
पुलिस के मोताबिक, जांच में हथियार सप्लाई के अंतरराष्ट्रीय नेटवर्क के कड़ी सामने आइल बा। पुलिस के दावा बा कि अमृतसर के कक्कड़ गांव के 32 साल के निशान सिंह पाकिस्तान में मवजूद कथित हथियार सप्लायर के संपर्क में रहे।
पुलिस के माेताबिक, डेयरी के आड़ में ऊ सीमा पार से ड्रोन के माध्यम से भेजल हथियार रिसीव कs के गैंग के सदस्यन तक पहुंचावत रहे। अब पुलिस कथित सप्लायरन, हथियारन के पिछिला खेप आ नेटवर्क से जुड़ल आउर लोगन के भूमिका के जांच करत बिया।
गैंग के बड़े नेटवर्क पs पुलिस के नजर
ऑपरेशन सेल के कार्रवाई के स्वतंत्रता दिवस से पहिले महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा। पुलिस के दावा बा कि समय रहते गिरफ्तारी से गुरुग्राम में संभावित रंगदारी आ फायरिंग के वारदात टल गइल।
अब जांच में गैंग के आउर सदस्य, हथियार सप्लाई नेटवर्क आ बरामद हथियारन के पिछिला इस्तेमाल के बारे में जानकारी जुटावल जा रहल बा।
Read Also: Supreme Court Order : हर लापता आदमी के ममिला में तुरंत FIR, मानव तस्करी रोकला पs सुप्रीम कोर्ट के सख्त निरदेस










