IND vs SL Head To Head : श्रीलंका में भारत के दबदबा, बाकिर गॉल में बढ़ जाला चुनौती

IND vs SL

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ श्रीलंका के बीच दू टेस्ट मैच के सीरीज के पहिला मुकाबला 15 अगस्त 2026 से गॉल इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल जाई। ई मुकाबला भारत के 2025-27 वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप अभियान के सुरुआतो हs। भारतीय टीम श्रीलंका दौरा खातिर पूरा तइयारी कs चुकल बिया।

टीम इंडिया तीन दिन के अभ्यास मैच खेलला के बाद ट्रेनिंगो पs जोर देलस। कप्तान शुभमन गिल के अगुवाई में भारतीय टीम के नजर सीरीज के सानदार सुरुआत पs बा। डब्लयूटीसी के लिहाज से ई सीरीज भारत खातिर बहुते अहम बा।

- Sponsored Ads-

IND vs SL Test Head To Head में भारत के दबदबा

भारत आ श्रीलंका के बीच टेस्ट क्रिकेट में अब तक 46 मुकाबला खेलल गइल बा। एमे टीम इंडिया 22 मैच जीतले बिया, जबकि श्रीलंका के खाता में 7 जीत बा। 17 मुकाबला ड्रॉ रहल बा।

माने ओवरऑल टेस्ट रिकॉर्ड में भारत के पलड़ा बहुते भारी बा। श्रीलंका के खिलाफ भारत के लगातार मजबूत प्रदर्शन के अंदाजा एहु बात से लगावल जा सकेला कि श्रीलंकाई टीम पिछिला कइयन साल से भारत के खिलाफ टेस्ट सीरीज जीते में नाकाम रहल बिया।

श्रीलंका में टीम इंडिया के रिकॉर्ड दमदार

श्रीलंका के धरती पs भारत आ श्रीलंका के बीच 24 टेस्ट मुकाबला खेलल गइल बा। एमे भारत 9 मैच जीतले बा, जबकि मेजबान श्रीलंका 7 मैच में जीत दर्ज कइले बा। 8 मुकाबला ड्रॉ रहल बा।

भारत के श्रीलंका में पिछला टेस्ट दौरा बहुते सफल रहल रहे। टीम इंडिया के लक्ष्य अब गॉल से जीत के संगे डब्लयूटीसी अभियान के मजबूत सुरुआत करे के बा।

गॉल स्टेडियम में भारत खातिर आसान ना रही मुकाबला

ओवरऑल रिकॉर्ड भारत के पक्ष में जरूर बा, बाकिर गॉल इंटरनेशनल स्टेडियम में कहानी कुछ अलग दिखाई देला। भारत आ श्रीलंका के बीच एह मैदान पर अब तक 5 टेस्ट मैच खेलल गइल बा।

भारत गॉल में 2 टेस्ट जीतले बा, जबकि श्रीलंका 3 मुकाबला अपना नावे कइले बा। एह आंकड़ा से साफ बा कि गॉल में मेजबान टीम भारत खातिर कड़ा चुनौती पेश करत आइल बिया।

गॉल के पिच आमतौर पs स्पिन गेंदबाजन खातिर मददगार मानल जाला। एह वजह से भारतीय टीम के स्पिन आ बल्लेबाजी विभाग पs खास नजर रही। संगही मौसम में बारिश के संभावना मुकाबला के प्रभावित कs सकेला।

2017 में भारत गॉल में रचल रहे इतिहास

गॉल में भारत के पिछिला टेस्ट मुकाबला 2017 में भइल रहे। विराट कोहली के कप्तानी में टीम इंडिया श्रीलंका के 304 रन से हरवले रहे। ई जीत गॉल में भारत के सबसे यादगार जीत में से एगो रहे। अब करीब नव साल बाद भारतीय टीम फेर एह मैदान पs टेस्ट मुकाबला खेले उतरी।

गॉल में भारत बनाम श्रीलंका के टेस्ट रिकॉर्ड

गॉल इंटरनेशनल स्टेडियम में भारत आ श्रीलंका के बीच पिछिला पांच टेस्ट मुकाबलन के नतीजा:

  • 14 अगस्त 2001: श्रीलंका 10 विकेट से विजयी
  • 31 जुलाई 2008: भारत 170 रन से विजयी
  • 18 जुलाई 2010: श्रीलंका 10 विकेट से विजयी
  • 12 अगस्त 2015: श्रीलंका 63 रन से विजयी
  • 26 जुलाई 2017: भारत 304 रन से विजयी

गॉल में काहे बढ़ जाला टीम इंडिया के टेंशन?

गॉल में भारत के रिकॉर्ड 2-3 के बा, जबकि श्रीलंका के टीम अपना घरेलू मैदान पs स्पिन के फायदा उठावे में माहिर रहल बिया। एह मैदान के परिस्थितियन में गेना पुरान होखला के बाद स्पिनर मैच पs गहिराह असर डाल सकेला लो।

भारतीय टीम के सामने तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के गैरमौजूदगियो एगो चुनौती बा। गेंदबाजी कोच मोर्ने मोर्केल गॉल के गरमी, उमस आ परिस्थितियन के लेके भारतीय गेंदबाजन के चुलाव पs जोर देले बाड़ें।

Read Also: Artificial Cornea : बिना डोनर के लवट सकेला आंख के रोशनी! आर्टिफिशियल कॉर्निया बन रहल बा नया उम्मीद

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-