ODI World Cup 2027 : गांधी जयंती के दिन सुरू हो सकेला वनडे वर्ल्ड कप, आईसीसी के खास तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। साल 2027 में होखे वाला वनडे वर्ल्ड कप के सुरुआत महात्मा गांधी के जयंती माने 2 अक्टूबर के हो सकेला। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (ICC) एह तारीख से टूर्नामेंट सुरू करे पs विचार कs

Share

ODI World Cup 2027 Starting on Gandhi Jayanti

स्पोर्ट्स डेस्क। साल 2027 में होखे वाला वनडे वर्ल्ड कप के सुरुआत महात्मा गांधी के जयंती माने 2 अक्टूबर के हो सकेला। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (ICC) एह तारीख से टूर्नामेंट सुरू करे पs विचार कs रहल बा। जदि एह योजना पs अंतिम मुहर लाग जात बा, तs गांधी जयंती के दिन क्रिकेट के सबसे बड़ टूर्नामेंट सुरू होई।

महात्मा गांधी के दक्षिण अफ्रीका से गहिराह संबंध रहल बा। ऊ अपना जिनगी के करीब 21 साल दक्षिण अफ्रीका में बितवले रहलें। अइसन में गांधी जयंती पs दक्षिण अफ्रीका में वर्ल्ड कप के सुरुआत के खास महत्व हो सकेला।

गांधी के विचारन के खास सनेस देवे के तइयारी

रिपोर्ट के मोताबिक, आईसीसी महात्मा गांधी के सत्य, शांति आ अहिंसा के विचारन के सम्मान देवे के योजना बना रहल बा। गांधी के विचार दुनिया भर में शांति आ अहिंसा के सनेस खातिर जानल जाला।

दुनिया के कइयन गो हिस्सा में तनाव आ संघर्ष के माहौल के बीच क्रिकेट जइसन वैश्विक खेल के माध्यम से गांधी के विचारन के इयाद कइल एगो खास सनेस के रूप में देखल जा रहल बा।

पहिले 8 अक्टूबर से सुरू होखे के रहे चरचा

एकरा से पहिले 2027 वनडे वर्ल्ड कप के सुरुआत 8 अक्टूबर से होखे के चरचा रहे। टूर्नामेंट से पहिले अक्टूबर के सुरुआती दिनन में अभ्यास मैच करावे के योजना बतावल गइल रहे।

बाकिर अब कार्यक्रम में बदलाव के संभावना सामने आइल बा। नया योजना के मोताबिक, टूर्नामेंट 2 अक्टूबर 2027 से सुरू हो सकेला आ फाइनल मुकाबला 21 नवंबर 2027 के खेलल जा सकेला।

हालांकि, तारीख के अंतिम फैसला आईसीसी के आधिकारिक कार्यक्रम जारी भइला के बादे साफ होई।

14 टीम के बीच खेलल जाई वनडे वर्ल्ड कप

2027 के वनडे वर्ल्ड कप में कुल 14 टीम हिस्सा लिहें। एह टूर्नामेंट के मेजबानी दक्षिण अफ्रीका, जिम्बाब्वे आ नामीबिया मिलके करी। मुकाबला तीन देसन के कुल 12 मैदान पs करावे के प्रस्ताव बा। एमे दक्षिण अफ्रीका के सबसे जादे मैदान सामिल बा।

दक्षिण अफ्रीका के आठ मैदान पs हो सकेला मुकाबला

दक्षिण अफ्रीका में वर्ल्ड कप के मुकाबला जोहान्सबर्ग के वांडरर्स स्टेडियम, सेंचुरियन, केपटाउन के न्यूलैंड्स, डरबन के किंग्समीड, गक्बेरहा के सेंट जॉर्ज पार्क, ब्लूमफोंटेन के मंगाउंग ओवल, पार्ल के बोलैंड पार्क आ बफेलो पार्क में करावे के प्रस्ताव बा।

जिम्बाब्वे आ नामीबिया में होई मुकाबला

जिम्बाब्वे में हरारे स्पोर्ट्स क्लब, बुलावायो के क्वींस स्पोर्ट्स क्लब आ विक्टोरिया फॉल्स के मोसी-ओआ-तुन्या इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम प्रस्तावित मैदान में सामिल बा।

ओहिजा, नामीबिया के विंडहोक इस्थित नामीबिया क्रिकेट ग्राउंड के वर्ल्ड कप मुकाबला खातिर प्रस्तावित कइल गइल बा।

अगर आईसीसी 2 अक्टूबर से टूर्नामेंट सुरू करे के फैसला लेत बा, तs गांधी जयंती आ वनडे वर्ल्ड कप के ई खास संयोग 2027 के क्रिकेट टूर्नामेंट के आउर यादगार बना सकेला।

Read Also: Varanasi Airport : वाराणसी एयरपोर्ट पs यात्री के लाइसेंसी पिस्टल से चलल गोली, दूगो कर्मचारी घायल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.