[the_ad_group id="30365"]

AUS vs BAN : बांग्लादेश ऑस्ट्रेलिया के घर में रचलस इतिहास, 9 विकेट से हराके जीतल पहिला टेस्ट 

AUS vs BAN
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। बांग्लादेश क्रिकेट टीम ऑस्ट्रेलिया के जमीन पs इतिहास रच देलस। डारविन के मरारा स्टेडियम में खेलल गइल पहिला टेस्ट मैच में बांग्लादेश ऑस्ट्रेलिया के नव विकेट से हरा देलस। ई जीत बांग्लादेश खातिर खास बा, काहेकि टेस्ट क्रिकेट में पहिला बेर ऊ ऑस्ट्रेलिया के ओकर घर में मात देले बा।

ऑस्ट्रेलिया बांग्लादेश के सामने जीत खातिर मात्र 57 रन के लक्ष्य रखले रहे। बांग्लादेशी बल्लेबाज चउथा दिन के दूसरा सेशन में एक विकेट गंवा के ई लक्ष्य हासिल कs लिहल लो।

बांग्लादेशी गेंदबाज ऑस्ट्रेलिया पs पड़लें भारी

मैच के सुरुआते से बांग्लादेश के टीम मेजबान ऑस्ट्रेलिया पs दबाव बनवले रखल। ऑस्ट्रेलियाई टीम पहिला पारी में मात्र 198 रन पs सिमट गइल।

एकरा जवाब में बांग्लादेश सानदार बल्लेबाजी करत 426 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। एह तरे से टीम के पहिला पारी में 228 रन के बढ़त मिल गइल।

दूसरको पारी में ऑस्ट्रेलिया के बल्लेबाज बांग्लादेशी गेंदबाजन के सामने टिक ना सकल लो। टीम 284 रन बनवलस आ बांग्लादेश के साेझा 57 रन के लक्ष्य रखलस।

मेहदी हसन मिराज के फिरकी से ऑस्ट्रेलिया परेसान

बांग्लादेश के जीत में मेहदी हसन मिराज के भूमिका बहुते अहम रहल। पहिला पारी में बल्ला से अर्धशतक जमावे वाला मिराज दूसरका पारी में गेना से ऑस्ट्रेलियाई बल्लेबाजन के खूब परेसान कइलें।

मिराज सबसे पहिले एलेक्स कैरी के 30 रन पs आउट कइलें। एकरा बाद ब्यू वेबस्टर 5 रन बनाके मिराज के शिकार बनलें। कप्तान पैट कमिंस 8 रन से आगे ना बढ़ पवलें आ मिराज के गेना पs आउट हो गइलें।

कैमरन ग्रीन के शतक ऑस्ट्रेलिया के ना बचा सकल

ऑस्ट्रेलिया के पारी में कैमरन ग्रीन अकेले संघर्ष करत नजर अइलें। दूसरा छोर से उनका लगातार विकेट गिरला के चलते पर्याप्त साथ ना मिल सकल। मिचेल स्टार्क कुछ देर टिकले, बाकिर तस्कीन अहमद उनका के 18 रन पs पवेलियन भेज देलें। एकरा बाद कैमरन ग्रीन हसन महमूद के गेना पs बोल्ड हो गइलें।

ग्रीन सानदार बल्लेबाजी करत 201 गेना पs 104 रन के पारी खेललें। उनका पारी में चार चौका आ एगो छक्का सामिल रहे। अंत में मिराज नाथन लियोन के आउट कs के ऑस्ट्रेलिया के दूसरका पारी समाप्त कs देलें।

57 रन के लक्ष्य बांग्लादेश आसानी से हासिल कइलस

ऑस्ट्रेलिया से मिलल 57 रन के छोट लक्ष्य के पीछा करे उतरल बांग्लादेश के सुरुआत जरूर खराब रहल। पहिला पारी में शतक लगावे वाला तंजीद हसन के जोश हेजलवुड बिना खाता खोलले आउट कs देलें।

बाकिर एकरा बाद शादमान इस्लाम आ मोमिनुल हक पारी संभार लिहल लो। दुनो बल्लेबाज टीम के आउर नुकसान ना होखे दिहल लो आ बांग्लादेश के ऐतिहासिक जीत दिला दिहल।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बांग्लादेश के दूसरा टेस्ट जीत

ई ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टेस्ट क्रिकेट में बांग्लादेश के दूसरका जीत हs। एकरा पहिले साल 2017 में बांग्लादेश मीरपुर में ऑस्ट्रेलिया के हरवले रहे।

हालांकि, 2017 के जीत बांग्लादेश के अपना घर में मिलल रहे। अब डारविन में ऑस्ट्रेलिया के ओकरे घर में हराके बांग्लादेश क्रिकेट इतिहास में एगो नया अध्याय जोड़ देलस।

Read Also: West Bengal : नदिया में कांग्रेस नेता अनीसुर रहमान आ बेटा के हत्या, कार घेर के बदमाश कइलें सs हमला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]