Abhishek Porel Arrest : दिल्ली कैपिटल्स के क्रिकेटर अभिषेक पोरेल गिरफ्तार, बियाह के वादा पs रेप के आरोप

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल में दिल्ली कैपिटल्स खातिर खेले वाला बंगाल के क्रिकेटर अभिषेक पोरेल के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया। उनकर गिरफ्तारी एगो महिला मेडिकल छात्रा के शिकायत से जुड़ल ममिला में भइल बा। महिला पोरेल पs बियाह के वादा कs के शारीरिक संबंध बनावे, मारपीट आ आपराधिक धमकी देवे के आरोप लगवले बाड़ी।

पुलिस के मोताबिक, ई मामला हुगली जिला के मोगरा थाना में दर्ज शिकायत से जुड़ल बा। बाद में कलकत्ता हाई कोर्ट पुलिस के पोरेल के गिरफ्तार करे के निरदेस देले रहे। अब पुलिस ममिला के आगे के जांच करत बिया।

- Sponsored Ads-

बियाह के वादा कs के संबंध बनावे के आरोप

महिला के शिकायत के मोताबिक, उनकर आ अभिषेक पोरेल के बीच करीब तीन साल से संबंध रहे। शिकायतकर्ता के आरोप बा कि पिछला साल दुनु के बीच मतभेद सुरू भइल आ पोरेल धीरे-धीरे दूरी बनावे लगलें।

महिला के दावा बा कि पोरेल बियाह करे के वादा कइले रहलें। शिकायत के अनुसार, एह वादा के आधार पs कइयन बेर शारीरिक संबंध बनल। महिला पोरेल पs मारपीट आ आपराधिक धमकी देवे के आरोपो लगवले बाड़ी। पुलिस के कहनाम बा कि शिकायत मिलला के बाद जांच सुरू कs दिहल गइल रहे।

अभिषेक पोरेल आरोप से इनकार कइलें

अभिषेक पोरेल अपना ऊपर लागल आरोपन के खारिज कइले बाड़ें। रिपोर्ट्स के मोताबिक, पोरेल आरोप के झूठ बतवले बाड़ें आ जांच में आपन पक्ष रखे के बात कहलें। ममिला अभी जांच के दौर में बा, एह से आरोप के अदालत में साबित होखल बाकी बा।

दिल्ली कैपिटल्स आ इंडिया-ए खातिर खेल चुकल बाड़ें

अभिषेक पोरेल बंगाल के विकेटकीपर-बल्लेबाज बाड़ें आ आईपीएल में दिल्ली कैपिटल्स के ओर से खेलत बाड़ें। ऊ इंडिया-ए टीम के संगे इंग्लैंड आ ऑस्ट्रेलिया के दौरा कs चुकल बाड़ें। बंगाल खातिर उनकर फर्स्ट क्लास क्रिकेट डेब्यू 2021-22 सीजन में भइल रहे।

Read Also: Independence Day Security : 15 अगस्त से पहिले बड़ साजिश नाकाम, पाकिस्तान से आइल हथियार लेके गुरुग्राम जा रहल 3 बदमाश गिरफ्तार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-