[the_ad_group id="30365"]

Tarapith Hotel Fire : तारापीठ के होटल में भीषण आग, 7 तीर्थयात्रियन के मौत, कइयन लोग घायल, रेस्क्यू जारी

Tarapith Hotel Fire in Birbhum
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के बीरभूम जिला के प्रसिद्ध तारापीठ मंदिर के लगे एगो होटल में सोमार के भोर में भीषण आग लाग गइल। हादसा में अब तक 7 तीर्थयात्रियन के मौत के पुष्टि पुलिस के ओर से कइल गइल बा, जबकि कइयन लोग घायल बतावल जा रहल बा। घायलन के इलाज खातिर रामपुरहाट सरकारी मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

सावन के सोमार के चलते तारापीठ में श्रद्धालुअन के बड़ भीड़ जुटल रहे। होटल में बड़ संख्या में तीर्थयात्री ठहरल रहे लो। भोर में जब अधिकतर लोग गहिराह नीन में रहे, ओही समय होटल में आग लग गइल।

भोर में करीब 5 बजे होटल में लागल आग

पुलिस के मोताबिक, तारापीठ के एगो चार मंजिला होटल के ग्राउंड फ्लोर पs भोर में करीब 5 बजे आग लागल। देखते देखत आग तेजी से ऊपर के हिस्सा में फइल गइल। होटल में मवजूद श्रद्धालुअन के बीच अफरातफरी मच गइल।

घटना के जानकारी मिलतही दमकल विभाग के गाड़ी घटनास्थल पs पहुंचल आ आग बुझावे के अभियान सुरू कइल गइल। दमकल कर्मियन के बहुत मशक्कत के बाद आग पs काबू पावल गइल।

धुआं आ आग के चलते अंदर फंस गइल लोग

प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, सुरुआती तौर पs आग लगला के वजह शॉर्ट सर्किट बतावल जा रहल बा। हालांकि, आग के वास्तविक कारण के आधिकारिक पुष्टि अभी बाकी बा।

बतावल जा रहल बा कि होटल के मुख्य प्रवेश द्वार आ रिसेप्शन क्षेत्र के ओर आग के लपट तेज रहे। एह वजह से कइयन गो लोग बाहर ना निकल सकल आ होटल के भीतर फंस गइल।

दमकल कर्मी आ पुलिस टीम दरवाजा तुड़के अंदर फंसल लोगन के बाहर निकललस। कइयनइ गो लोग के धुआं से परेसानी आ झुलसे के शिकायत के बाद अस्पताल भेजल गइल।

7 तीर्थयात्रियन के मौत

अस्पताल सूत्रन के मोताबिक, सुरुआती तौर पs मृतकन के संख्या कम बतावल गइल रहे। बाद में पुलिस के ओर से 7 लोग के मौत के पुष्टि कइल गइल।

बीरभूम पुलिस के मोताबिक, घायलन के रामपुरहाट सरकारी मेडिकल कॉलेज अस्पताल में इलाज चल रहल बा। कइयन गो घायलन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

बीरभूम के एएसपी नीलेश श्रीकांत गाइकर के मोताबिक, अब तक करीब 11 से 12 लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। रेस्क्यू अभियान आ राहत के काम जारी बा।

सावन सोमार के चलते होटल में बड़ भीड़

तारापीठ मंदिर में सावन सोमारी के अवसर पs बड़ संख्या में श्रद्धालु पहुंचल रहे लो। उत्तर 24 परगना, मालदा आ अलीपुरद्वार सहित कइयन गो जिला से परिवार दर्शन खातिर तारापीठ आइल रहे लाे। होटल श्रद्धालुअन से भरल रहे। भोर के समय आग लगला के वजह से जादेतर लोग नीन में रहे, जवना के चलते बचाव अभियान आउर चुनौतीपूर्ण हो गइल।

मृतकन के पहचान के प्रक्रिया जारी

पुलिस आ प्रशासन के ओर से मृतक तीर्थयात्रियन के पहचान करे के प्रक्रिया चल रहल बा। प्रशासन हादसा के कारण आ होटल में सुरक्षा इंतजाम के जांच कs रहल बा।

अधिकारी लोग होटल में अग्नि सुरक्षा बेवस्था, आग लगला के कारण आ आपातकाल में बाहर निकले के बेवस्था सहित कइयन गो पहलुअन के जांच कs रहल बा।

हादसा के बाद तारापीठ में सुरक्षा बेवस्था बढ़ा दिहल गइल बा। प्रशासन के ओर से घायलन के बेहतर इलाज आ प्रभावित परिवारन के सहायता उपलब्ध करावे के कोसिस जारी बा।

Read Also: Ashokdham Temple Stampede : बिहार के लखीसराय में अशोकधाम मंदिर के बाहर भगदड़, 7 श्रद्धालुअन के मौत, 8 से जादे घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]