IND vs SL: विराट कोहली के ‘पिंक बॉल’ टेस्ट में रहल बा जलवा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2022

भारत अउर श्रीलंके के बीच दो टेस्ट मैच की सीरीज के दूसरा अउर आखिरी मुकेबला बेंगलुरु के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में 12 मार्च से खेलल जाए के बा।  टेस्ट दूधिया रोसनी में पिंक बॉल से

Share

भारत अउर श्रीलंके के बीच दो टेस्ट मैच की सीरीज के दूसरा अउर आखिरी मुकेबला बेंगलुरु के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में 12 मार्च से खेलल जाए के बा।  टेस्ट दूधिया रोसनी में पिंक बॉल से खेलल जाई। टीम इंडिया के ई भारत में तीसरा अउर कुल चौथा डे नाइट टेस्ट होई। भारत एसे पहिले बांग्लादेश अउर इंग्लैंड के खिलाफ पिंक बॉल टेस्ट के मेजबानी कs चुकल बा, उहवें एकमात्र ओवरसीज पिंक बॉल टेस्ट भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलले रहल।

‘पिंक बॉल‘ टेस्ट में विराट कोहली के जलवा

गुलाबी गेंद के खिलाफ भारतीय बल्लेबाजन के रिकॉर्ड के बात कइल जाए त विराट कोहली के जलवा रहल बा। ऊ भारतीय खिलाड़ियन में सबसे बेसी रन बनावे आला बल्लेबाज बानें। कोहली अभिन ले खेलल 3 डे-नाइट टेस्ट में 60.25 के सानदार औसत से 241 रन बनवले बाने, उहवें भारत में पिंक बॉल के खिलाफ कोहली के औसत अउरियो सानदार बा। घरेलू सरजमीं पs विराट कोहली पिंक बॉल टेस्ट में 81.50 के औसत से रन बनवले बाने।

 

साभार – हिन्दुस्तान

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.