Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दूसरका दिन जडेजा के नावे, रोहित के पारी घोसित करे के फसीला पs सवाल

दूसरा दिन के खेल खतम होखत-होखत भारत श्रीलंका के चार विकेट गिरा देले बा।

225

भारत आउर श्रीलंका के बीचे मोहाली में पहिला टेस्ट मैच खेलल जा रहल बा, मैच के आज दुसरका दिन के खेला आज सर रवींद्र जडेजा के नावे रहल। ऊ भारत के पारी घोसित कइला पs शानदार 175 रन बना के नाबाद लवटले। पहिला बेर टेस्ट मैच के कप्तानी कs रहल रोहित शर्मा के पारी घोसित करे के निरने पs दिग्गजन से लेके समूचा नेटिज़न सवाल उठावल हs। मालूम होखे कि रवींद्र जडेजा 175 रन बना के नाबाद खेलत रहले तबे पारी घोसित करे के ई फ़सीला लहल गइल। सभे के कहनाम बा रवीन्द्र जडेजा के 5 गो ओवर आउर खेले दिहल गइल रहित तs उनकर दोहरा शतक पूरा हो गइल रहित।

 

 

दूसरा दिन के खेला पs रिपोर्ट- 

टीम इंडिया श्रीलंका के खिलाफ पहिला टेस्ट मैच के दिन खेला बन होखला के बेरा ले आपन इस्तिथी मजबूत कs लेले बा। पहिला पारी के 574/8 विकेट के जबाब में श्रीलंका 108 रन पs 4 विकेट गंवा देले बा। श्रीलंका के फॉलोऑन से बांचे ला अभियो 267 रन चाहीं। भारत कावर से अश्विन के दु गो, जडेजा आ बूमराह के 1-1 विकेट मिलल बा।

 

जडेजा के शतक आ अश्विन के अर्धशतक से भारत के विशाल स्कोर 

जडेजा-अश्विन के शानदार शतकीय साझेदारी

एकरा पहिले भारत खातिर रवींद्र जडेजा के शतक आ रविचंद्रन अश्विन के अर्धशतक से भारत 574 रन के विशाल स्कोर ठाड़ कइलस। 175 रन बनावे आला जडेजा अश्विन (61) के संगे सांतवा विकेट ला 132 रन के साझेदारी आ शामी (20) के संगे आंठवा विकेट ला 103 रन के नाबाद साझेदारी कइले। एकरा पहिले पहिलका दिने पंत 96 आ विहारी 58 रन के पारी खेलले रहे लो।

कोहली के मिलल गार्ड ऑफ औनर

100 टेस्ट खेल रहल विरात कोहली के गार्ड ऑफ औनर देहल गइल। बालिंग करे उतरल भारत के खिलाडियन कावर से ई सम्मान कोहली के देत घरी कोहली का चेहरा पs मुस्कान रहे।

224920cookie-checkदूसरका दिन जडेजा के नावे, रोहित के पारी घोसित करे के फसीला पs सवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.