[the_ad_group id="30365"]

महिला विश्वकप में वेस्टइंडीज के पछाड़ के आगे बढ़ल टीम इंडिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ICC Women’s Cricket World Cup 2022 में भारत के टीम आपन दुसरका मुकाबला जीत गइल। टीम इंडिया वेस्टइंडीज के टीम के बाउर तरीका से हरवलस अउर टूर्नामेंट के दूसरका जीत दर्ज कइलस। मिताली राज के कप्तानी आली टीम खातिर न्यूजीलैंड के खिलाफ मिलल हार एगो सेटबैक रहल, लेकिन भारतीय खिलाडी सब जौने तरे प्रदर्शन कैरेबियाई टीम के खिलाफ कइने सब, ऊ तारीफ के काबिल रहल। भारत वेस्टइंडीज के महिला क्रिकेट टीम के 155 रन से हरवलस। भारत 50 ओवर में 8 विकेट पs 317 रन बनावल जेमे स्मृति मंधाना अउर हरमनप्रीत कौर दूनों जनी शतकीय पारी खेलली। ओकरे बाद  वेस्टइंडीज के भारत के गेंदबाज लोग 40.3 ओवर में 162 रन पs ढेर कs देहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]