Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महिला विश्वकप में वेस्टइंडीज के पछाड़ के आगे बढ़ल टीम इंडिया

मील 155 रन से जीत

129
सीवान इन्शुरेंस 720 90

ICC Women’s Cricket World Cup 2022 में भारत के टीम आपन दुसरका मुकाबला जीत गइल। टीम इंडिया वेस्टइंडीज के टीम के बाउर तरीका से हरवलस अउर टूर्नामेंट के दूसरका जीत दर्ज कइलस। मिताली राज के कप्तानी आली टीम खातिर न्यूजीलैंड के खिलाफ मिलल हार एगो सेटबैक रहल, लेकिन भारतीय खिलाडी सब जौने तरे प्रदर्शन कैरेबियाई टीम के खिलाफ कइने सब, ऊ तारीफ के काबिल रहल। भारत वेस्टइंडीज के महिला क्रिकेट टीम के 155 रन से हरवलस। भारत 50 ओवर में 8 विकेट पs 317 रन बनावल जेमे स्मृति मंधाना अउर हरमनप्रीत कौर दूनों जनी शतकीय पारी खेलली। ओकरे बाद  वेस्टइंडीज के भारत के गेंदबाज लोग 40.3 ओवर में 162 रन पs ढेर कs देहल।

Middle Yayawari
227330cookie-checkमहिला विश्वकप में वेस्टइंडीज के पछाड़ के आगे बढ़ल टीम इंडिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.