दक्षिण 24 परगना। पश्चिम बंगाल के दक्षिण 24 परगना इलाका में राजनीतिक माहौल गरमा गइल बा। तृणमूल कांग्रेस (TMC) नेता जहांगीर खान के बाद अब उनकर पत्नी रेजिना बीबी उर्फ सरिना के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया।
प्रशासन के कहनाम बा कि पति के गिरफ्तारी के बाद रेजिना बीबी फलता इलाका में जवन विरोध-प्रदर्शन करववली, ओकरा से कानून-बेवस्था बिगड़े के खतरा पैदा हो गइल रहे।
रेजिना बीबी के काहे गिरफ्तार कइल गइल?
पूरा ममिला तब सुरू भइल जब पुलिस टीएमसी नेता जहांगीर खान के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तारी के दौरान एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल, जवना में जहांगीर खान के रस्सी से बान्ह के ले जात देखावल गइल। ई वीडियो सामने अइला के बाद उनकर समर्थक नाराज हो गइल लोग।
पुलिस के आरोप बा कि पति के गिरफ्तारी के विरोध में रेजिना बीबी इलाका में बड़ संख्या में लोग जुटवली आ विरोध प्रदर्शन करववली। पुलिस के मोताबिक, उनका गतिविधि से इलाका के माहौल खराब हो सकेला।
थाना घेराव के तइयारी के बाद बढ़ल तनाव
पुलिस के कहनाम बा कि फलता इलाका में प्रदर्शन के दौरान बड़ संख्या में समर्थक जुट गइल रहे लाेग। भीड़ थाना घेराव करे आ उग्र प्रदर्शन करे के तइयारी में रहे।
स्थिति बिगड़त देख स्थानीय पुलिस के संगे केंद्रीय अर्धसैनिक बल (CAPF) के तैनात करे के पड़ल। सुरक्षा बल के जवान तुरंत कार्रवाई करत भीड़ के नियंत्रित कइल आ हालात पs काबू पावल गइल।
पुलिस कार्रवाई के बाद गायब हो गइल रहली रेजिना
प्रदर्शन आ तनाव के ममिला सामने अइला के बाद रेजिना बीबी सार्वजनिक रूप से कहीं नजर ना अइली। पुलिस उनकर तलाश लगातार करत रहे। पुलिस के मोताबिक, इलाका में तनाव फइलावे आ भीड़ जुटावे के ममिला में शिकायत के इंतजार ना कइल गइल, बलुक खुद एफआईआर दर्ज कs के जांच सुरू कइल गइल।
लोकेशन ट्रेस कs के पुलिस कइलस गिरफ्तार
जांच के दौरान पुलिस के रेजिना बीबी के पुख्ता लोकेशन मिल गइल। ओकरा बाद पुलिस टीम दक्षिण 24 परगना से उनका के गिरफ्तार कs लेलस। फिलहाल रेजिना बीबी पुलिस हिरासत में बाड़ी। पुलिस आगे के कानूनी कार्रवाई आ पूछताछ करत बिया।
Read Also: 20 जून 2026 के राशिफल







