Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इमरान के उल्टा गिनती शुरू: पाक के संसद में आजु साँझ चार बजे अविश्वास प्रस्ताव पs होई चर्चा

का बच पाई सरकार?

160

पाकिस्तान में लगातार सियासी संकट गहरात जा रहल बा। इमरान खान के कुर्सी बची कि जाई एकर उलटा गिनती शुरू हो गइल बा। ताजा जानकारी के अनुसार आजु साँझ चार बजे पाकिस्तान के संसद में अविश्वास प्रस्ताव पर चर्चा शुरू हो जाई। अनुमान बा कि दू-तीन दिन में जब वोटिंग होई त इमरान खान के कुर्सी छिनाइल तय बा। उहवें अविश्वास प्रस्ताव पर बहस से पहिले इमरान खान एनएससी के बइठक बोलवले बाने। एकरे अलावा विपक्षी दल के बइठको तीन बजे होई।
इमरान खान आजु रात के राष्ट्र के करिहें संबोधित: मंत्री फवाद चौधरी  
इमरान खान के मंत्री फवाद चौधरी कुछ देर पहिले ट्वीट क के जानकारी देहने कि प्रधानमंत्री इमरान खान आजु रात राष्ट्र के संबोधित करिहें। हालांकि बता देहल जा कि एहसे पहिलहूँ इमरान खान 30 मार्च के देश के संबोधित करे वाला रहने लेकिन साँझ के खबर आइल कि ऊ संबोधन के टाल देहले बाने।

पहिलहीं अल्पमत में बाने इमरान
दरअसल, विपक्ष उनके खिलाफ संसद में अविश्वास प्रस्ताव पेश कइले बा, जेसे पार पावल इमरान खातिर काफी मुश्किल साबित होखे वाला बा। संसद में सहयोगियन के स्थिति पर गौर कइल जाए त सामने आवता कि कि इमरान सरकार एह वक्त अल्पमत में बा। हालांकि, रविवार के इस्लामाबाद में आइल रैली में ऊ रिसियाइल साथियन के मनवले खातिर कई अपील कइनें। एह बीच अब ले ई साफ नाइ बा कि आखिर काहें एक बरिस पहिले ले देश में पूरी तरह सुरक्षित नजर आ रहल पीटीआई सरकार एह स्थिति में पहुंच गइल। 2018 में त कई राजनीतिक विश्लेषकन के इहां ले मानल बा कि इमरान खान के सरकार देश के पहिला अइसन सरकार होई, जौन आपन कार्यकाल पूरा करी। हालांकि, ई अविश्वास प्रस्ताव पीएम के चिंता बढ़ा देहले बा।

234470cookie-checkइमरान के उल्टा गिनती शुरू: पाक के संसद में आजु साँझ चार बजे अविश्वास प्रस्ताव पs होई चर्चा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.