[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर से दिल्‍ली जाए वाली दू उड़ान अचानक भइल रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर से दिल्ली जाए अउर जाए वाले सैकड़ो यात्री एयरपोर्ट पर घंटों सांसत में फंसल रहने। अचानक दिल्ली जाए वाली दू उड़ान के एयरलाइंस निरस्त कs देहलस। बड़ बात ई बा कि उड़ान के निर्धारित समय बीत गइले के बावजूद इंडिगो के कर्मचारी एयरपोर्ट स्थित अपने काउंटर पर मौजूद नाइ रहने। अगर एयरलाइंस उड़ान के निरस्त होखले के सूचना अपने यात्रियों के समय से दे देहले रहित चाहे अपने काउंटर से सूचित करवा देहले रहीत त यात्रियन के घंटों परेशान नाइ होखे के पड़ल रहित।

बता दीं कि गोरखपुर से दिल्ली जाए वाली इंडिगो के विमान संख्या 6 2334 दिल्ली से गोरखपुर सुबह 9.50 पर आवेले। उहवें 6 2321 बनकर 10.20 पर गोरखपुर से दिल्ली खातिर उड़ान भरेले। एह विमान के सब यात्री सुबह 9 बजे के पहिलही एयरपोर्ट पहुंच गइल रहने। एह उड़ान के निरस्त होखले के सूचना कौनो भी यात्री के नाइ देहल गइल रहल।

एयरपोर्ट पहुंचल साहित्यकार प्रो. रामदेव शुक्ल बतवने कि 10.20 ले एयरपोर्ट के डिस्प्ले पर विमान के प्रस्थान के समय नियमित बतावल जात रहल। ऊ बतवने कि सब यात्रियन के टर्मिनल में एंट्री नाइ मिल पवले रहल। वजह ई बतावल जात रहल कि इंडिगो के स्टॉफ नाइ आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]