Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Hera Pheri 3: शुरू भईल बाबूराव, किशन आ राजू के नयकी कहानी, ‘शहजादा’ के फ्लॉप होखला के चलते कार्तिक के कटल पत्ता

हिंदी के कल्ट फिल्मन के लिस्ट में शामिल फिल्म हेराफेरी के तिसरका भाग जल्दीए बड़का परदा पs आवे खातिर तईयार बा ,फेरु धूम मचाई बाबुराव, किशन आ राजू के तिकड़ी |

1,440

हिंदी सिनेमा के कल्ट फिल्मन में शुमार फिल्म फ्रेंचाइजी ‘हेराफेरी’ के तीसरका  कड़ी पs काम शुरू होखे के खबरन से हिंदी सिनेमा मंगर के  सुबहे से जगमगाइल  रहल । खबर बा कि फिल्म ‘हेराफेरी 3’ में अक्षय कुमार के  वापसी हो चुकल बा । अक्षय एह फिल्म  के पिछला  साल एकर पटकथा पसन  नना परला के चलते छोड़ देले रहले आ एही   बीचे ‘भूल भुलैया 2’ के हिट होखते कार्तिक आर्यन के अक्षय कुमार के वारिस घोषित करे के पुरजोर  कोशिश शुरू हो गईल रहे। ताजा खबर एह  मामला  में इहे बा कि कार्तिक आर्यन अब ‘हेराफेरी 3’ के  हिस्सा ना रहिहें ।

फिल्म हेराफेरी के तिकड़ी फेरु मचाई धमाल ,फोटो : सोशल मीडिया

 

नीरज वोरा के  लिखल  कहानी पs निर्देशक प्रियदर्शन एगो कमाल  के कॉमेडी फिल्म बनवले रहले  ‘हेराफेरी’। एह  फिल्म में अक्षय कुमार, सुनील शेट्टी आ परेश रावल के  तिकड़ी लोगन के आपन पेट धई के  हँसे  पs  मजबूर कई देले रहे। फिल्म के  एगो संवाद ‘ये बाबूराव का इश्टाइल है’ नयकी सदी के  सबसे मशहूर संवाद बन चूकल बा । फिल्म के  सीक्वेल ‘हेराफेरी 2’ माने  कि ‘फिर हेराफेरी’ एकरा  छव साल बाद रिलीज भईल  आ इहो फिल्म  बॉक्स ऑफिस पs पहिला  फिल्म लेखा बम्पर कमाई कइलस। फिल्म के  निर्देशन एह  बेर  नीरज वोरा  खुदे कइले रहले ।

बाबुराव, किशन आ राजू के तिकड़ी ,फोटो: सोशल मीडिया

 

हेराफेरी’ आ ‘फिर हेराफेरी’ के निर्माता फिरोज नाडियाडवाला  लमहर  अरसा  से हिंदी सिनेमा में वापसी के तइयारी कइके  बइठल बाड़ें आ  उनकर इहे मत बा कि अगर उ आपन वापसी ‘हेराफेरी 3’ के संगे कइ सकले  तs उनका खातिर  हिंदी फिल्म जगत में आपन पहिले नियन  प्रतिष्ठा पावल  आसान रही । ‘हेराफेरी 3’ पs कामो एही  तइयारी के संगे  शुरू भईल बाकिर अक्षय कुमार  एह  फिल्म के  पटकथा सुनला  के बाद एकरा खातिर  ना कई दिहले । खबर बहरी आईल  आ फेरु  शुरू  भईल तरह-तरह के अटकलन  के दउर |

फिर हेराफेरी फोटो : सोशल मीडिया

 

हेराफेरी 3’ से अक्षय कुमार के बहरी होखे के खबर  पs  सबसे बेसी ओह फिल्म में  किशन  के रूप में काम कई चुकल  सुनील शेट्टी चऊँकल रहलें  । उ साफ कहि देले रहले कि ‘हेराफेरी 3’ या तs अक्षय कुमार के संगे बनी भा ना बनी। सूत्रन के मोताबिक  फिरोज नाडियाडवाला एकरा पहिले अक्षय कुमार वाला किरदार  खातिर  कार्तिक आर्यन से बात कई चुकल रहले । कार्तिक एगो बड़हन समाचार पत्र से इंटरव्यू के दउरान  एह बाति के लेके हामियो भरले रहले  बाकिर कार्तिक तब तक ले आधिकारिक रूप से एह  फिल्म साइन ना कइले रहले ।

फिल्म हेराफेरी फोटो; सोशल मीडिया

 

मंगर के मुंबई फिल्म जगत में भोरहीं से फिल्म ‘हेराफेरी 3’ के फेरु से शुरू होखे के  चरचा बहुत तेजी से चल रहल  बा । जानकारी के मुताबिक एह  फिल्म में अब अक्षय कुमार के वापसी तय  हो गईल बा | खबर इहो बा कि एह फिल्म में  अक्षय के वापसी करावे खातिर सुनील शेट्टी  बहुते मेहनत कइले बाड़ें । सुनील शेट्टी के एह फिल्म के  लेके  परेश रावल आ अक्षय कुमार के संगे  कुछ दिन पहिले एगो बइठक होखे  आ एह बइठक में अक्षय कुमार के कुल्ह  शिकायतन के  दूर कइले  के  भी खबर बा । राजू, श्याम आ बाबूराव के  ई तीसरकी कहानी अगिला साल रिलीज हो सकत बिया ।

फिल्म हेराफेरी ,फोटो: सोशल मीडिया
466690cookie-checkHera Pheri 3: शुरू भईल बाबूराव, किशन आ राजू के नयकी कहानी, ‘शहजादा’ के फ्लॉप होखला के चलते कार्तिक के कटल पत्ता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.