Russia: जो बाइडन के यूक्रेन दउरा के एके दिन बाद रूसी संसद में राष्ट्रपति पुतिन के संबोधन, जानि का बोलले?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2023

पुतिन के ई संबोधन अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन के यूक्रेन दउरा के एक दिन बाद आइल बा। एहमें उ अपना देश के लोगन के सुरक्षा के अहम बतवले आ युक्रेन संगे चल रहल युद्ध से जुड़ल कई गो एलानो कइले

Share

पश्चिमी देशों पर भड़के व्लादिमीर पुतिन
पश्चिमी देशन पs भड़कले व्लादिमीर पुतिन – फोटो : एएनआई
रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन  मंगर के  रूस के  संसद के संबोधित कइले। पुतिन के ई संबोधन अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन के यूक्रेन दउरा के एक दिन बाद आईल बा । एहमें उ अपना देश के लोगन के सुरक्षा के अहम बतवले आ युद्ध से जुड़ल कई गो  एलानो  कइले। अपना  संबोधन के दउरान पुतिन  कहले  कि उ अइस ना समय में  देश के संबोधित कर रहल बाड़ें  जब  देश खातिर इ समय  मुश्किलन से भरल बा आ अहम बा । पूरा दुनिया में बड़ बदलाव हो रहल बा । पुतिन  कहलें कि रूस यूक्रेन के आजाद करावे खातिर  लड़त रहे। पुतिन  पश्चिमी देशन के भी आलोचना कइले। पुतिन  कहले  कि मॉस्को  नाटो के साथ शांति वार्ता के प्रस्ताव देले रहे बाकिर  नाटो  एह पs सही प्रतिक्रिया ना देलस ।

पुतिन  पश्चिम पs लगवले गंभीर आरोप

डोनबास इलाका  में शांति स्थापित करे खातिर  हमनी के कवनो कोर-कसर  ना छोड़नी जा जवन  कि 2014 के बाद से ही संवेदनशील बनल रहे   बाकिर  हमरा  पीठ के पीछे अलग साजिश रचल जात रहे । पुतिन  कहलें कि यूक्रेन आ डोनबास झूठ के सिंबल बन गइल बा । पुतिन  पश्चिमी देशन पs समझौता से पीछे हटे, गलत बयानबाजी करे आ नाटो के विस्तार करे के आरोप लगवलस । पुतिन  कहलें कि पश्चिमी देश ही एह युद्ध के गुनहगार बाड़ें आ हम खाली एह के  रोके  खातिर  सेना के  इस्तेमाल कर रहल बानी ।

‘पश्चिम के बंधक बन गइल बा यूक्रेनी सरकार’

रूसी राष्ट्रपति  अपना  संबोधन में दावा कइले  कि यूक्रेन के लोग अपना पश्चिमी आका लोग के बंधक बन गईल बाड़ें  । पश्चिमी देस यूक्रेन के राजनीति,अर्थव्यवस्था आ सेना पs कब्जा कई लेले बा । पुतिन  यूक्रेन के  मवजूदा सरकार पs आरोप लगवले कि उ अपना देश के हित नइखन  देख रहल आ विदेशी ताकतन के हितन  खातिर  काम कर रहल  बाड़ें।

‘पश्चिम जिन्न के बोतल से  बहरी निकाल देले बा’

 

रूसी राष्ट्रपति  कहले कि हालिया म्यूनिख सिक्योरिटी कॉन्फ्रेंस के दउरान रूस के खिलाफ अनगिनत आरोप लगावल गईल । पुतिन बड़ा बयान देत कहले कि युद्ध के जरिए पश्चिम देस जिन्न के बोतल से बाहर निकाल देले बा । पुतिन  पश्चिमी देसन  पs कई देसन में तख्तापलट करे के भी आरोप लगवले। उ कहले  कि हम पश्चिम के साथ बातचीत खातिर तइयार रहनी  आ हम चाहते रहनी कि समान सुरक्षा व्यवस्था बने बाकिर एकरा बदले में हमरा भ्रामक जवाब दिहल गईल । पुतिन अमेरिका पs नाटो के विस्तार करे आ मय दुनिया में अपना सैन्य अड्डे बनावे के आरोप लगवले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.