Sukhwinder Singh Viral Video: जूता पहिन के गावत रहने हनुमान चालीसा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2022

अपने सुरीली आवाज खातिर पहचाने जाए वाले गायक सुखविंदर सिंह आजकल विवाद में बनल बाने। सुखविंदर सिंह हाले में अपने नया भक्ति म्यूजिक वीडियो के रिलीज करे वाला रहने, लेकिन ओसे पहिलही ऊ विवाद से

Share

अपने सुरीली आवाज खातिर पहचाने जाए वाले गायक सुखविंदर सिंह आजकल विवाद में बनल बाने। सुखविंदर सिंह हाले में अपने नया भक्ति म्यूजिक वीडियो के रिलीज करे वाला रहने, लेकिन ओसे पहिलही ऊ विवाद से घेरा गइल बाने। सुखविंदर वाराणसी में अपने नवका गाने खातिर एक डांस वीडियो शूट करत रहने, जेकर तस्वीर सामने अइले के बाद बवाल मच गइल। फोटो में सुखविंदर अपने नए म्यूजिक वीडियो “हनुमान चालीसा” खातिर डांस करत रहने, लेकिन ऊ आपन जूता उतारल भुला गइने, जेकरे बाद से ऊ फोटोज वायरल होखे लागल। वायरल फोटो में गायक के पैर में जूता देखल जा सकsला, एतने नाइ, उनके संगे बैकग्राउंड डांसरो सब जूता पहिनले बाने सब।

निशाने पर बा सुखविंदर

सुखविंदर सिंह अपने म्यूजिक वीडियो ‘हनुमान चालीसा’ के शूट के दौरान जूता पहिनले दिखाई देहने, जेकरे बाद ऊ लोग के निशाना पर आ गइने। लोग ओनके खरी खोटी सुना रहल बाने। इतने नाइ, सुखविंदर सिंह के संगे उनकर दर्जन भर को-आर्टिस्ट सब पैर में जूता पहिनले नजर अइने। लोग एके हिंदू धर्म के अपमान मान रहनल बा। सुखविंदर सिंह के म्यूजिक वीडियो वाराणसी के चेतसिंह घाट पs शूट कइल जा रहल बा। पूरा घाट चौपाई से गूंज रहल बा, लेकिन गायक अब विवाद में फंसत नजर आ रहल बाने

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.