गोरखपुर (अंकित वर्मा)। एनएसयूआई गोरखपुर मंडल आयुक्त के माध्यम से राज्यपाल महोदय के संबोधित ज्ञापन सउपत आरोप लगवले बा कि पूरा दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय गोरखपुर एगो संगठन विशेष के सउप दिहल गइल बा।
गोरखपुर एनएसयूआई जिला अध्यक्ष सुशान्त शर्मा बतवलें कि गोरखपुर विश्वविद्यालय पठन-पाठन बाधित कs के विद्यार्थी परिषद के कार्यक्रम खातिर आपन सब संस्थान उपलब्ध करा रहल बा। प्रवेश प्रक्रिया पूरा होखला के बादो हॉस्टल खाली रखल गइल बा।
प्रदेश महासचिव ऋषि यादव आ विख्यात भट्ट संयुक्त रूप से सवाल कइलें बाड़ें कि विद्यार्थी परिषद के कार्यक्रम खातिर हॉस्टल आवंटित नइखे कइल जात। ऊ इहो सवाल कइले बाड़ें कि अतिथि गृह आवंटित करे खातिर विश्वविद्यालय शुल्क ली कि ना? एनएसयूआई नेता रवि पांडेय आरोप लगवलें कि विश्वविद्यालय प्रशासन एबीवीपी से मिलके काम कs रहल बा। कवनो छात्र संगठन के राष्ट्रीय अधिवेशन खातिर विश्वविद्यालय परिसर आ गेस्ट हाउस के आवंटन कहीं से उचित नइखे।
एकरा बाद एनएसयूआई के नेता गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्रतिकुलपति शांतनु रस्तोगी से मिलके गोरखपुर विश्वविद्यालय में हो रहल राजनीतिक कार्यक्रम के परिसर से तुरंत हटावल जाये के मांग कइल। एह दौरान आनंद सिंह, साहिल यादव, शिवम यादव, मनमोहन द्विवेदी, अंकित चौहान, सत्यम सिंह, अंकित सिंह, मुकीम अंसारी आदि मवजूद रहे लो।