[the_ad_group id="30365"]

पिटबुल कुकुर नोच दिहलस मालिक के बेटा के चेहरा, मांस बाहर निकाल लिहलस, यूपी के घटना

पिटबुल कुत्ते के आतंक
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हाल के समय में देश के अलग-अलग हिस्सा में आवारा चाहे पालतू कुकुरन के हमला में भारी बढ़ोतरी भईल बा। बुजुर्ग आ लइकन पs कुकुरन के हमला में बहुते लोग के मउत हो गइल बा आ भारी संख्या में लोग घवाहिल हो गइल बा. अब उत्तर प्रदेश के बरेली जिला से कुकुरन के हमला के ताजा मामला सामने आइल बा. इहाँ के एगो घर में एगो पालतू पिटबुल कुत्ता अपना मालिक के 26 साल के बेटा के चेहरा खरोंच दिहलस। पिटबुल लइका के चेहरा के कुछ हिस्सा के मांस नोच दिहले बा।

चलत घरी हमला कs दिहलस

अधिकारी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक, बरेली के खलीलपुर के एगो कॉलेज के चेयरमैन शंकरलाल गंगवार के घरे पs पिटबुल नस्ल के कुत्ता मात्र 6 महीना पहिले आईल रहे। उनकर बेटा आदित्य अपना कुकुर के घुमावे खातिर घर से निकलल रहले। एs दौरान पिटबुल कुत्ता ओकरा पa हमला कs के बहुत घाही कs देलस।

एs घटना के बारे में एगो अधिकारी बतवले बाड़े कि पिटबुल कुकुर युवक पs अयीसन हमला कईलस कि युवक के होंठ अवुरी चेहरा के बाकी हिस्सा के मांस निकाल लिहलस। स्थानीय निवासी आदित्य के चीख सुन के ओकरा के बचावे खातीर लो भगले, युवक के चेहरा के सर्जरी एगो निजी अस्पताल के सीनियर सर्जन से करावल बा। एही बीच वन विभाग के रेन्जर नगर निगम के टीम कुकुर के पकड़े के सूचना देले बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]