छठ पूजा के बाद स्पेशल ट्रेनन में मिली कंफर्म टिकट: जानीं ट्रेनन में सीट के अवेलेबिलिटी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

दीपावली आ छठ पूजा में घर आइल लोगन के अब वापसी खातिर ट्रेन में टिकटन के दिक्कतन के सामना ना करे के पड़ी। काहेकि, एकरा खातिर रेलवे के आरे से तमाम स्पेशल ट्रेन तs चलावल

Share

दीपावली आ छठ पूजा में घर आइल लोगन के अब वापसी खातिर ट्रेन में टिकटन के दिक्कतन के सामना ना करे के पड़ी। काहेकि, एकरा खातिर रेलवे के आरे से तमाम स्पेशल ट्रेन तs चलावल गइल बाड़ी सs। संगही एह ट्रेनन में अभियो सीट खाली बा।

एह स्पेशल ट्रेनन में यात्रियन के सुविधा खातिर अतिरिक्त कोच जोड़ल गइल बा। ताकि जादे से जादे यात्री अपना गंतव्य तक सुरक्षित आ आरामदायक यात्रा कs सके लो। अइसन में अब छठ पूजा के बाद यात्रा करे वाला लोग बिना कवनो समस्या के लवट सकी लो।

स्पेशल ट्रेनन में बर्थ के अवेलेबिलिटी एह तरे बा:

• वाराणसी सिटी-लालकुआँ स्पेशल ट्रेन (05056): ई ट्रेन 19 नवंबर के वाराणसी सिटी से चली, जेमे AC फर्स्ट क्लास में 20, AC सेकेंड क्लास में 25 आ AC थर्ड इकॉनमी क्लास में 229 बर्थ अवेलेबल बा।

• गोरखपुर-आनंद विहार टर्मिनल स्पेशल ट्रेन (05023): ई ट्रेन 17 नवंबर के गोरखपुर से चली, जेमे AC सेकेंड क्लास में 24 आ AC थर्ड क्लास में 68 बर्थ अवेलेबल बा।

• टनकपुर-दौराई स्पेशल ट्रेन (05097): टनकपुर से 18 आ 20 नवंबर के चले वाली एह ट्रेन में AC सेकंड क्लास में क्रमशः 13 आ 17 बर्थ आउर AC थर्ड क्लास में 81 आ 106 बर्थ अवेलेबल बा।

• गोरखपुर-चंडीगढ़ स्पेशल ट्रेन (04517): ई ट्रेन 15 नवंबर के गोरखपुर से चली, जेमे AC फर्स्ट क्लास में 4 आ AC सेकंड क्लास में 27 बर्थ अवेलेबल बा।

• बलिया-आनंद विहार टर्मिनल स्पेशल ट्रेन (04497): 18 नवंबर के बलिया से चले वाली एह ट्रेन में AC फर्स्ट क्लास में 3 आ AC थर्ड क्लास में 513 बर्थ अवेलेबल बा।

• छपरा-लखनऊ स्पेशल ट्रेन (02269): ई ट्रेन छपरा से 13, 14 आ 15 नवंबर के चली, जेमे एग्जीक्यूटिव क्लास आ AC चेयर कार में कइयन सीट अवेलेबल बा।

• छपरा-आनंद विहार टर्मिनल स्पेशल ट्रेन (05109): ई ट्रेन 20 नवंबर के छपरा से चली, जेमे AC फर्स्ट क्लास में 1 आ AC सेकंड क्लास में 64 बर्थ अवेलेबल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.