Gorakhpur News : प्रेमिका के सगाई के दिने प्रेमी के फंदा से लटकल मिलल लाश, तीन बरिस से चलत रहे प्रेम संबंध

Share

गोरखपुर। जिला मे मंगर के दिने एगो 22 बरिस के जुवक के लाश कमरा में फंदा से लटकल मिलल। बतावल जा रहल बा कि ओही दिने ओकर प्रेमिका के सगाई रहे। एह बात से दुखी होके जुवक आत्महत्या कइले बा, अइसन आशंका जतावल जा रहल बा। जुवक के शव घर के छत पs बनल कमरा में साड़ी के फंदा से लटकल मिलल। गुलरिहा थाना के पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज के ममिला के जांच सुरू कs देले बिया।

अस्पताल में वार्ड बॉय के काम करत रहे जुवक

जानकारी के मोताबिक, इलाका के एगो गांव के रहे वाला सुमित निषाद (22) शहर के एगो निजी अस्पताल में वार्ड बॉय के काम करत रहे। ओकर माई मेडिकल कॉलेज में आया के पद पs काम करेली।

मंगर के भोर में सुमित के माई, बाप आ छोट भाई धान के रोपनी करे खेत गइल रहे लाेग। परिवार के लाेग सुमित के घर पs रहे के कहल रहे आ फोन कइला पs ठेला लेके आवे के बात कहले रहे।

फोन ना उठवलस तs खोजे पहुंचल भाई

परिजन बतावल लोग कि करीब साढ़े दस बजे कइयन बेर सुमित के मोबाइल पs फोन कइल गइल, बाकिर ऊ फोन ना उठवलस। एकरा बाद ओकर छोट भाई अमित ओकरा के खोजत घरे पहुंचल।जब अमित छत पs बनल कमरा में गइल तs देखलस कि सुमित साड़ी के फंदा के सहारे छत के कुंडी से लटकल बा। ई देख के ऊ जोर-जोर से चिल्लाये लागल। आवाज सुन के आसपास के लोग जुट गइल।

तीन बरिस से चलत रहे प्रेम संबंध

ग्रामीणन के मोताबिक, सुमित के एगो जुवती से पिछला तीन बरिस से प्रेम संबंध रहे। जुवती के बियाह कहीं आउर तय हो गइल रहे आ मंगर के ओकर सगाई होखे के चरचा रहे। बतावल जा रहल बा कि एह बात से सुमित बहुते परेसान चलत रहे। घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

गोरखनाथ सीओ रवि सिंह बतवलें कि ममिला के जांच कइल जा रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट आ जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Gorakhpur Tripple Murder : 16 साल के किशोर भाई, भउजाई आ तीन साल के भतीजा के गला काट के कइलस हत्या, पिता से रहे नाराज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-