Bulandshahr News : बुलंदशहर में दुकान में घुसकर हिस्ट्रीशीटर के गोली मार के हत्या, 15 दिन पहिले जेल से छूटल रहे

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2026

बुलंदशहर। उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर में दिनदहाड़े एगो सनसनीखेज हत्या के घटना सामने आइल बा। गुलावठी कस्बा में बाइक सवार दूगो बदमाश एगो इलेक्ट्रॉनिक दुकान में घुसके दुकानदार के गोली मार के हत्या कs देलें

Share

Sitamarhi Crime: Youth Shot by Apache Bike Attackers in Bajitpur

बुलंदशहर। उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर में दिनदहाड़े एगो सनसनीखेज हत्या के घटना सामने आइल बा। गुलावठी कस्बा में बाइक सवार दूगो बदमाश एगो इलेक्ट्रॉनिक दुकान में घुसके दुकानदार के गोली मार के हत्या कs देलें सs। मृतक रोहताश हापुड़ के कपूरपुर थाना के हिस्ट्रीशीटर रहे आ करीब 15 दिन पहिलही जमानत पs जेल से बाहर आइल रहे।

बतावल जा रहल बा कि ई हत्या जनवरी महीना में हापुड़ जिला के कपूरपुर थाना क्षेत्र के पारपा गांव में भइल बलवीर हत्याकांड के रंजिश में कइल गइल बा। पुलिस के मोताबिक, हत्या के आरोपी बलवीर के बेटा पुष्पेंद्र आ ओकर चचेरा भाई विपिन बतावल जा रहल बा लोग।

दुकान में घुस के चलवल सs कइयन राउंड गोली

जानकारी के अनुसार, पारपा गांव निवासी रोहताश पुत्र हरि सिंह गुलावठी में जीटी रोड किनारे गोपाल पेट्रोल पंप के सामने करीब 15 दिन पहिले किराया पs इलेक्ट्रॉनिक के दुकान खोलले रहे। मंगर के सांझ ऊ दुकान में कुर्सी पs बइठल रहे, तबे बाइक सवार दू लोग कुछ दूर बाइक खड़ा कs के पैदल दुकान पs पहुंच गइले सs। दुनो आरोपी हथियार निकाल के रोहताश पs ताबड़तोड़ गोली चलावे लगले सs।

प्रत्यक्षदर्शी के मोताबिक, कइयन राउंड फायरिंग भइल। रोहताश के माथा में एगो गोली लागल जबकि दू गो गोली देह के आउर हिस्सा में लागल। गोली लगतही ऊ दुकान में लहूलुहान होके गिर पड़ल।

घटना के जानकारी मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ घायल रोहताश के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल। हालत गंभीर देख डॉक्टर लोग ओकरा के हायर मेडिकल सेंटर रेफर कs देले, जहां इलाज के दौरान ओकर मौत हो गइल। गोलीबारी के बाद इलाका में दहशत फइल गइल आ हाईवे किनारे बड़ भीड़ जुट गइल। पुलिस हमलावरन के पीछा कs के घटनास्थल के नजदीक एगो गली से पकड़ लेलस।

पुलिस इंस्पेक्टर घायल

बतावल जा रहल बा कि भागत घरी गुलावठी इंस्पेक्टर धर्मेंद्र शर्मा आरोपी के पकड़ लेलें। एह दौरान इंस्पेक्टर के दाहिना हाथ में फ्रैक्चर हो गइल। पुलिस कार्रवाई खातिर इंस्पेक्टर के 25 हजार रुपिया इनाम देवे के घोषणा कइल गइल बा।

पुलिस आरोपी के लगे से हथियारो बरामद कइले बिया। एसएसपी दिनेश कुमार सिंह बतवलें कि रोहताश पs गैंगस्टर सहित कइयन गो आपराधिक मुकदमा दर्ज रहे। बलवीर हत्या ममिला में ऊ आरोपी रहे आ जेल से जमानत पs बाहर आइल रहे। पुलिस अब पूरा ममिला के जांच कs रहल बिया आ हत्या के पीछे के सब पहलुअन के खंगारत बिया।

Read Also: Gorakhpur News : प्रेमिका के सगाई के दिने प्रेमी के फंदा से लटकल मिलल लाश, तीन बरिस से चलत रहे प्रेम संबंध

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.