गोरखपुर। पारिवारिक कलह आ उपेक्षा के भावना गोरखपुर के बांसगांव में रिश्तन के खून से रंग देलस। पिता पs बड़ भाई के जादे महत्व देवे के आरोप लगावे वाला 16 साल के किशोर अतवार के देर रात आपन सुतल बड़ भाई अमित गुप्ता, भउजाई रंजना आ तीन साल के भतीजा रेयान पs रॉड, हसिया आ बांका से हमला कs के हत्या कs देलस।
घटना के समय कमरा में मवजूद गोद लिहल बेटी रुबिका कवनो तरे से बचके अपना दादा के लगे पहुंचल आ पूरा घटना के जानकारी देलस। बांसगांव थाना पुलिस आरोपी किशोर के घर के छत से हिरासत में ले लेलस आ हत्या में इस्तेमाल हथियार बरामद कs लेलस।
बांसगांव के बलुआ गांव में अतवार के रात करीब ढाई बजे भइल एह घटना से पूरा इलाका में सनसनी फइल गइल।
पारिवारिक विवाद में देर रात भइल वारदात
पुलिस के मोताबिक, अमित गुप्ता अपना पत्नी रंजना, तीन साल के बेटा रेयान आ गोद लिहल बेटी रुबिका के संगे कमरा में सुतल रहलें। गरमी जादे होखला के कारण कमरा के दरवाजा खुलल रहे।
एही दौरान 16 साल के किशोर कमरा में पहुंचल आ सुतल अमित पs हमला कs देलस। जांच में पता चलल बा कि आरोपी देर रात तक मोबाइल चलावत रहे आ परिवार के सुत गइला के इंतजार करत रहे। ओकरा बाद ऊ रॉड, हसिया आ बांका लेके कमरा में पहुंचल।
सबसे पहिले अमित के सिर पर रॉड से वार कइलस। ओकरा बाद हसिया आ बांका से गर्दन आ माथा पs कइयन गो वार कइल गइल।
हमला के आवाज सुनके रंजना आ रेयान के नींद खुल गइल। एकरा बाद आरोपी दुनो पs हमला कs देलस। तीनो के मवका पs मौत हो गइल।
घटना के समय रुबिका जाग गइल। आरोपी ओकराे पs हमला करे के कोसिस कइलस, बाकिर ऊ कवनो तरे से कमरा से निकल के अपना दादा हरिलाल गुप्ता के लगे पहुंच गइल आ शोर मचाके पूरा घटना बतवलस। एकरा बाद रात करीब तीन बजे हरिलाल डायल-112 पs फोन कs के पुलिस के सूचना देलें।
आरोपी हिरासत में, पूछताछ जारी
सूचना मिलते बांसगांव पुलिस मवका पs पहुंच गइल। एसएसपी डॉक्टर कौस्तुभ, एसपी दक्षिणी दिनेश कुमार पुरी आ फॉरेंसिक टीम घटनास्थल के जांच क के सबूत जुटवलें। पुलिस घर के तलाशी लेलस तs आरोपी छत पs छिपल मिलल। ओकरा के हिरासत में लेके पूछताछ कइल गइल। बाद में हत्या में इस्तेमाल रॉड, हसिया आ बांका बरामद कs लिहल गइल। पुलिस के सुरुआती जांच में पारिवारिक विवाद के बात सामने आइल बा।
पिता पs लगवलस भेदभाव के आरोप
आरोपी किशोर के आरोप बा कि ओकर पिता हरिलाल गुप्ता बड़ भाई अमित आ ओकर परिवार के जादे महत्व देत रहलें। हरिलाल घर के सामने किराना आ अंडा के दुकान चलवलें। पहिले आरोपी दुकान पs बइठत रहे, बाकिर करीब एक साल पहिले कोलकाता से लवट के आइल अमित के दुकान के जिम्मेदारी दे दिहल गइल।
पिता चाहत रहलें कि किशोर पढ़ाई करे, जबकि ऊ कारोबार सुरू करे खातिर पईसा मांगत रहे। एही बात के लेके ओकर मन में नाराजगी बढ़त गइल। घटना के बाद आरोपी के मां अनीता गुप्ता के रो-रोके बुरा हाल बा।
किशोर न्यायालय में पेश कइल जाई
एसपी दक्षिणी दिनेश कुमार पुरी बतवलें कि पिता के तहरीर पs हत्या के मुकदमा दर्ज कs के किशोर के हिरासत में ले लिहल गइल बा। दुपहरिया बाद ओकरा के किशोर न्यायालय में पेश कइल जाई।










