FIFA World Cup 2026 : माथेयास कुनहो के सानदार खेल से ब्राजील के खुलल खाता, हैती के 3-0 से हरवलस

Brazil vs Haiti FIFA World Cup 2026 Matheus Cunha Performance

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। मोरक्को के खिलाफ पहिला मैच 1-1 से ड्रॉ खेलला के बाद ब्राजील फीफा वर्ल्ड कप-2026 में आपन पहिला जीत दर्ज कs लेलस। ग्रुप-सी के मुकाबला में ब्राजील हैती के 3-0 से करारी शिकस्त देके टूर्नामेंट में आपन खाता खोललस।

पहिला मैच में जीत ना मिलला के बाद ब्राजील खातिर ई मुकाबला बहुत जरूरी रहे। टीम सानदार प्रदर्शन करत तीन अंक हासिल कइलस। अब ब्राजील के कुल चार अंक हो गइल बा आ ऊ मोरक्को के बराबरी पs पहुंच गइल बा।

सुरुआत से रहल ब्राजील के दबदबा

हैती के ई लगातार दूसरका हार रहे आ अब ऊ अगिला दौर में पहुंच के दउड़ से लगभग बाहर हो गइल बा। ब्राजील अपना स्टार खिलाड़ी नेमार के बिना मैदान पs उतरल रहे, बाकिर टीम सुरुआत से मुकाबला पs आपन पकड़ बना लेलस। मैच के 23वां मिनट में ब्राजील खातिर पहिला गोल माथेयास कुनहो कइलें।

माथेयास कुनहो एतने पs ना रुकलें आ 36वां मिनट में दूसरका गोल दाग के टीम के 2-0 के बढ़त दिला देलें।

विनिसियस जूनियर के सानदार गोल

पहिला हाफ खत्म होखला से पहिले ब्राजील के बढ़त आउर मजबूत हो गइल। इंजुरी टाइम में विनिसियस जूनियर, लुकास पाक्वेटा के सानदार पास पs गोल कs के स्कोर 3-0 कs देलें। पहिला हाफ के बाद ब्राजील पूरस तरे मजबूत इस्थिति में रहे।

दूसरका हाफ में हैती कइल वापसी के कोसिस

दूसरका हाफ में हैती के लगे वापसी के मवका रहे, बाकिर ब्राजील के मजबूत डिफेंस के तुड़ पावल ओकरा खातिर आसान ना रहे। हैती दूसरका हाफ में कवनो गोल ना खइलस, बाकिर खुद गोल करे में सफल ना हो सकल। ब्राजील कइयन गो मवका बनवलस, बाकिर दूसरका हाफ में गोल ना हो सकल।

एकरा बादो पहिला हाफ के सानदार प्रदर्शन के बदौलत ब्राजील आसानी से मुकाबला जीत लेलस आ फीफा वर्ल्ड कप-2026 में आपन पहिला जीत दर्ज कs लेलस।

Read Also: NEET Re-Exam : नागपुर के छात्र के परीक्षा सेंटर अबू धाबी में मिलल, एनटीए के बेवस्था पs उठल सवाल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-