नई दिल्ली। दिल्ली के शाहदरा रेलवे स्टेशन पs एगो दिल दहला देवे वाला घटना सामने आइल बा। ट्रेन में चढ़े के दौरान सीट के बात पs भइल विवाद में एगो यात्री के पीट-पीट के हत्या कs दिहल गइल।
मृतक के पहचान उत्तर प्रदेश के बागपत निवासी पंकज धामा के रूप में भइल बा। ई घटना रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म नंबर तीन पs योग एक्सप्रेस ट्रेन में भइल, जब पंकज ट्रेन में चढ़े के कोसिस करत रहलें।
जनरल डिब्बा में चढ़े के दौरान सुरू भइल विवाद
मिलल जानकारी के मोताबिक, पंकज धामा योग एक्सप्रेस के जनरल डिब्बा में चढ़े के प्रयास करत रहलें। एह दौरान कुछ यात्रियन से उनकर विवाद हो गइल। देखते-देखत कहासुनी धक्का-मुक्की में बदल गइल। आरोप बा कि विवाद बढ़ला के बाद कुछ यात्री पंकज पs लात-घूंसा से हमला कs देले सs।
हमला एतना बेरहमी से कइल गइल कि पंकज गंभीर रूप से घायल होके प्लेटफॉर्म पs गिर पड़लें आ बेहोश हो गइलें।
आरपीएफ जवान कइलस बचावे के कोसिस
घटना के समय प्लेटफॉर्म पs मवजूद रेलवे सुरक्षा बल (RPF) के एगो जवान बीच-बचाव करे के कोसिस कइलस, बाकिर तब तक आरोपी मवका पाके फरार हो गइल रहले सs।
घायल पंकज धामा के तुरंत इलाज खातिर नजदीकी जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां डॉक्टर जांच के बाद उनकरा के मृत घोषित कs देलें।
पुलिस सुरू कइलस जांच, आरोपी के तलाश जारी
घटना के बाद रेलवे पुलिस हत्या के ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया। पुलिस स्टेशन आ प्लेटफॉर्म पर लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगालल जा रहल बा।
एकरा अलावे घटना के समय बनावल गइल वीडियो के जांच कइल जा रहल बा, ताकि हमला करे वालन के पहचान कs के गिरफ्तार कइल जा सके।
जल्द गिरफ्तार होइहें सs आरोपी : रेलवे पुलिस
रेलवे पुलिस उपायुक्त भरत रेड्डी घटना के पुष्टि करत बतवलें कि योग एक्सप्रेस में चढ़े के दौरान यात्रियन के बीच कहासुनी भइल रहे, जवन बाद में मारपीट में बदल गइल। उनकर कहनाम बा कि एह मारपीट में पंकज धामा के मौत हो गइल। पुलिस आरोपियन के पहचान आ गिरफ्तारी खातिर हर संभव कोसिस करत बिया। जल्दिये दोषियन के पकड़ लिहल जाई।
Read Also: FIFA World Cup 2026 : माथेयास कुनहो के सानदार खेल से ब्राजील के खुलल खाता, हैती के 3-0 से हरवलस








