NEET Re-Exam : नागपुर के छात्र के परीक्षा सेंटर अबू धाबी में मिलल, एनटीए के बेवस्था पs उठल सवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 20, 2026

नागपुर। नीट-यूजी 2026 के पुनर्परीक्षा से ठीक एक दिन पहिले महाराष्ट्र के नागपुर के एगो छात्र के संगे अजीब ममिला सामने आइल बा। छात्र जब आपन नया एडमिट कार्ड डाउनलोड कइलस तs ओकर परीक्षा केंद्र

Share

नागपुर। नीट-यूजी 2026 के पुनर्परीक्षा से ठीक एक दिन पहिले महाराष्ट्र के नागपुर के एगो छात्र के संगे अजीब ममिला सामने आइल बा। छात्र जब आपन नया एडमिट कार्ड डाउनलोड कइलस तs ओकर परीक्षा केंद्र नागपुर के जगह संयुक्त अरब अमीरात (UAE) के अबू धाबी में देखाई देलस। एह घटना के बाद राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (NTA) के बेवस्था पs सवाल उठे लागल बा।

छात्र के परीक्षा 21 जून के होखे वाला बा। एतना कम समय में बिदेस जाके परीक्षा दे सके छात्र आ ओकर परिवार खातिर ई लगभग नामुमकिन बा।

नागपुर मांगे वाला छात्र के मिल गइल अबू धाबी सेंटर

जानकारी के मोताबिक, छात्र के पहिला नीट परीक्षा खातिर नागपुर के सरस्वती विद्यालय में परीक्षा केंद्र मिलल रहे। बाकिर पेपर लीक विवाद के बाद जब पुनर्परीक्षा के प्रक्रिया सुरू भइल आ नया एडमिट कार्ड जारी भइल, तs परीक्षा केंद्र बदलके अबू धाबी इंडियन स्कूल कs दिहल गइल।

परिवार के कहनाम बा कि आवेदन भरत घरी छात्र पहिला पसंद नागपुर, दूसरा वर्धा आ तीसरा भंडारा चुनले रहे। अइसन में बिदेस के परीक्षा केंद्र मिलल परिवार खातिर हैरानी वाला बात बा।

परिवार एनटीए से कइल शिकायत

छात्र के पिता मोहम्मद तालिब बतवलें कि उनकर परिवार बेटा के परीक्षा देवे खातिर बिदेस ना भेज सकेला। छात्र के लगे पासपोर्टो नइखे आ अचानक बिदेस यात्रा के तइयारी कs पावल संभव नइखे।परिवार तुरंत एनटीए हेल्पलाइन पs शिकायत दर्ज करवलें। परिवार के मोताबिक, हेल्पलाइन अधिकारी गलती माने के बाद संशोधित एडमिट कार्ड जारी करे के भरोसा देले बाड़ें।

पूर्व शिक्षा मंत्री बतवलें गंभीर चूक

महाराष्ट्र के पूर्व शिक्षा मंत्री डॉ. अनीस अहमद एह ममिला के गंभीर प्रशासनिक गलती बतवले बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि छात्र के नागपुर भा आसपास के कवनो शहर में परीक्षा केंद्र मिले के चाहीं। उनका मोताबिक, ई ममिला खाली एगो छात्र के परेसानी नइखे, बलुक परीक्षा बेवस्था के भरोसा से जुड़ल बा।

एनटीए पुनर्परीक्षा खातिर कइले बा खास इंतजाम

एनटीए के तरफ से कहल गइल बा कि नीट-यूजी 2026 पुनर्परीक्षा निष्पक्ष आ पारदर्शी तरीका से करावे खातिर सुरक्षा के खास इंतजाम कइल गइल बा। परीक्षा सामग्री के जीपीएस वाला गाड़ी से पुलिस सुरक्षा में केंद्र तक पहुंचावल जा रहल बा। परीक्षा केंद्र पs सीसीटीवी निगरानी, आधार आधारित बायोमेट्रिक सत्यापन आ रियल टाइम मॉनिटरिंग सिस्टम लागू कइल गइल बा।

22 लाख से जादे छात्र दे सकेला लोग परीक्षा

नीट-यूजी 2026 पुनर्परीक्षा 21 जून के दुपहरिया 2 बजे से सांझ 5:15 बजे तक पेन-पेपर मोड में होई। ई परीक्षा भारत के 551 शहर आ बिदेश के 14 शहर में आयोजित होई। एमे 22.79 लाख से जादे अभ्यर्थियन के सामिल होखे के संभावना बा।

एनटीए उम्मीदवारन के सलाह देले बा कि ऊ लोग सबेरे 11 बजे से दुपहरिया 1:30 बजे के बीच परीक्षा केंद्र पहुंच जावs लोग। 1:30 बजे के बाद कवनो अभ्यर्थी के प्रवेश ना दिहल जाई।

Read Also: Fake ADM Fraud : यूपी के एडीएम बताके 60 लाख के ठगी करे वाला गिरफ्तार, फर्जी आईडी से जीतत रहे लोगन के भरोसा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.