Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुर : कैंडल मार्च निकाल शिक्षक लोग जतावल नाराजगी : सक्षमता परीक्षा के करी लो बहिष्कार, मोमबत्ती आ मोबाइल के टॉर्च जराके जतावल लो आक्रोश 

554

बिहार में नियोजित शिक्षकन के राज्यकर्मी के दर्जा पावे खातिर सक्षमता परीक्षा देवे के होई। ओकरा खातिर सब शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा पास करे के होई। सरकार नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा पास करे खातिर तीन प्रयास के मवका दे रहल बिया। बाकिर शिक्षक सरकार के एह फैसला से नाखुश दिख रहल बा लो। जवना के लेके भोजपुर जिला के सइयन शिक्षक सनीचर के सड़क पs प्रदर्शन करे उतर गइल लो। एह दौरान शिक्षक लोग हाथ में मोमबत्ती आ मोबाइल के टॉर्च से आक्रोश जतावल लो।

शिक्षकन के भविष्य के अंधकारमय बनावल जा रहल बा

बिहार शिक्षक संघर्ष मोर्चा के सचिव मंडल सदस्य राम कुमार राम कहलें कि बिहार सरकार के ओर से सक्षमता परीक्षा के नाम पs शिक्षकन के भविष्य के अंधकारमय बनावल जा रहल बा। शिक्षक सक्षमता परीक्षा में जवन शर्त ले आवल गइल बा। एह शर्त के हम एकहs गो सिरा से खारिज कs रहल बानी। एहसे जि जेलाबदर करे के जवन नीति अपनावल गइल बा। जदि शिक्षक तीन बेर डिसक्वालिफाई करत बा तs ओकरा के सेवा से मुक्त कइल जाई।

जवन नीति बनावल गइल बा ऊ शिक्षक विरोधी नीति बा

ऊ कहलें कि जदि जे परीक्षा में सामिल होके फेल हो जात बा तs ओकरा के सेवा से मुक्त करे के जवन नीति बनावल गइल बा ऊ शिक्षक विरोधी नीति बा। ओह नीति के आलोचना करत बानी। राम कुमार राम कहलें कि जदि सरकार हमनी के बात नइखे मानत तs, ई आंदोलन के दूसरा चरण हs। 13 फरवरी के विधानसभा के हमनी के विधानसभा घेर के अपना मांगन के समर्थन में सरकार के झुकावे के काम करेम सs।

734330cookie-checkभोजपुर : कैंडल मार्च निकाल शिक्षक लोग जतावल नाराजगी : सक्षमता परीक्षा के करी लो बहिष्कार, मोमबत्ती आ मोबाइल के टॉर्च जराके जतावल लो आक्रोश 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.