[the_ad_group id="30365"]

बारहवीं के विद्यार्थियन खातिर आयोजित भइल विदाई समारोह, खुशी मिस फेयरवेल आ अभय बनलें मिस्टर फेयरवेल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के सतरांव में इस्थित आनन्द सर क्लासेस में कक्षा बारहवीं के विद्यार्थियन खातिर विदाई समारोह के आयोजन कइल गइल। एमे अलग-अलग तरह के खेलन के आयोजन कइल गइल।

विद्यार्थी लोग विदाई समारोह में हर्षोल्लास के संगे भाग लिहल लो। एह दौरान मिस फेयरवेल खुशी आ मिस्टर फेयरवेल अभय सिंह के सम्मानित कइल गइल।

विदाई समारोह के मुख्य अतिथि संतोष यादव आवे वाला परीक्षा खातिर सुभकामना देत कहलें कि शिक्षा दुनिया के जीते के सबसे शक्तिशाली हाथियार हs। कोचिंग संस्थान के डायरेक्टर आनन्द वर्मा उपस्थित सब केहू के धन्यवाद आ सुभकामना देलें। कार्यक्रम के संचालन मुरलिका तिवारी आ प्रियांसी तिवारी कइल लो।

एह कार्यक्रम में उमेश यादव, शारदा कुशवाहा, शिवांगी तिवारी, अंजली, खुशी सिंह, मुस्कान, अंकिता तिवारी, श्रेया तिवारी, अविनाश सिंह, अभय सिंह, करुणा, मनीषा, सत्यम तिवारी, सनी जयसवाल अनिकेत आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]