[the_ad_group id="30365"]

बिहार बोर्ड इंटर परीक्षा…अभी ले 203 परीक्षार्थी निष्कासित : 15 से 23 फरवरी तक होई मैट्रिक के परीक्षा, जूता-मोजा पहिनके ना जा सकी लो छात्र 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट वार्षिक परीक्षा के आठवां दिन कदाचार के चलते कुल चार विद्यार्थियन के निष्कासित कइल गइल। जेमे पूर्वी चंपारण से दू आ नालंदा, जहानाबाद से 1-1 परीक्षार्थी सामिल बा लो।

सनीचर के पहिला पाली में कला संकाय के परीक्षार्थियन खातिर सोशियोलॉजी आ वाणिज्य संकाय में अकाउंटेंसी विषय के परीक्षा होई। ओहिजा, द्वितीय पाली में विज्ञान, वाणिज्य आ कला संकाय के परीक्षार्थियन खातिर सिक्योरिटी, ब्यूटीशियन, टूरिज्म, रिटेल मैनेजमेंट, ऑटोमोबाइल, इलेक्ट्रॉनिक्स के परीक्षा होई।

कुल 203 छात्र-छात्राओं के कइल जा चुकल बा निष्कासित

बिहार बोर्ड कावर से नकल करत पहिला दिन कुल 51, दूसरका दिन 39, तीसरका दिन 45, चउथा दिन 26, पांचवां दिन 22, छठवां दिन-14, सातवां दिन दु आ आठवां दिन चार छात्र-छात्रा के निष्कासित कइल गइल। कुल मिलाके अब तक 203 विद्याथियन के निष्कासित कइल जा चुकल बा।

मैट्रिक परीक्षा में जूता-मोजा पहिनके ना जा सकी लो

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा में जूता-मोजा पहिने पs रोक लगा देले बा। इंटर परीक्षा में ठंड के वजह से जूता-मोजा पहिने के छूट दिहल गइल रहे। बाकिर, अब मौसम ठीक होखला के वजह से मैट्रिक परीक्षा में एह पs रोक रही। परीक्षा 15 फरवरी से होखे के बा, जवन 23 फरवरी तक चली आ दु पालियन में होई।

आधा घंटा पहिले केंद्र पs पहुंचनल अनिवार्य बा। ठीक आधा घंटा पहिले गेट बंद कs दिहल जाई। एकरा बाद परीक्षा केंद्र में प्रवेश के अनुमति ना रही। इंटर के परीक्षा में कइयन विद्यार्थियन के प्रवेश ना दिहल गइल रहे। एकरा बाद कुछ छात्र दीवार फानके प्रवेश कs गइल रहे। अइसन परीक्षार्थियन पs FIR कइल जाई। दु साल खातिर परीक्षा से वंचित कs दिहल जाई, एहिसे केंद्र पs एक घंटा पहिले पहुंची।

1 हजार 528 केंद्रन पs 16 लाख परीक्षार्थी दी लो परीक्षा

परीक्षा में करीब 16 लाख परीक्षार्थी सामिल होई लो। एकरा खातिर 1 हजार 585 सेंटर बनावल गइल बा। बोर्ड कहलस कि पहिला पाली के परीक्षा 9:30 बजे से होई। एकरा खातिर नौ बजे तक प्रवेश दिहल जाई। दूसरका पाली के परीक्षा दु बजे से होई, जवना खातिर 1:30 बजे तक प्रवेश दिहल जाई। एकरा बाद प्रवेश के अनुमति ना दिहल जाई। परीक्षा सेंटर के गेट अब परीक्षा सुरू होखे के एक घंटा पहिलही खोल देवे के होई। सब परीक्षार्थियन के जांच के बाद सेंटर के अंदर प्रवेश दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]