Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM आवास के ऊपर उड़त दिखल ड्रोन, मचल हड़कंप; जांच में जुटल पुलिस

502

 

आजु सबेरे एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। पीएम के आवास के ऊपर से एगो ड्रोन उड़त देखल गईल। एकरा के देख के पीएम के सुरक्षा के तहत तैनात एसपीजी तुरंत अलर्ट मोड में चल गईल। एसपीजी सबेरे साढ़े पांच बजे पुलिस के सूचना दिहलस। मौका पs पुलिस बल शीर्ष अधिकारी के संगे मौका पs पहुंच गईल। एकरा बाद पुलिस जांच में शामिल हो गईल। पुलिस ए घटना के लेके बहुत देर ले कोशिश करत रहल, लेकिन कुछूओ ना भईल। एकरा लेके अबे ले जांच जारी बा। रउरा सभे से निहोरा बा कि प्रधानमंत्री आवास के आसपास के इलाका नो-फ्लाईंग जोन बनल बा। आ ई ड्रोन नो फ्लाइंग जोन में उड़त रहे। बता दीं कि पीएम के सुरक्षा बहुत कड़ा बा, उनुका से मिले खातीर उनुकर परिवार के लोग भी सुरक्षा प्रक्रिया से गुजरेले।

जानकारी के मुताबिक एनडीडी कंट्रोल रूम में पीएम के आवास के नजदीक एगो संदिग्ध अज्ञात उड़त वस्तु के सूचना मिलल। पुलिस आसपास के इलाका में खूब तलाशी लिहलस लेकिन अयीसन कवनो चीज़ ना मिलल। एकरा संगे जब एयर ट्रैफिक कंट्रोल रूम (एटीसी) से भी संपर्क कईल गईल त पीएम के आवास के नजदीक अयीसन कवनो उड़त वस्तु के बारे में भी जानकारी ना मिलल।

ई बंगला कहाँ बा?

देश के प्रधानमंत्री के आधिकारिक आवास बंगला नंबर 7 बा जवन लोक कल्याण मार्ग, लुटियंस जोन, दिल्ली में स्थित बा। फिलहाल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इहाँ रहत बाड़े। रउरा सभे से बता दी कि प्रधानमंत्री आवास के आधिकारिक नाम ‘पंचवटी’ बा। 5 गो बंगला के मिला के बनावल गइल बा। ई सरकारी मकान 12 एकड़ में बनल बा। एकर निर्माण साल 1980 में भइल रहे। एह आवास में 5 गो बंगला बा, जवना में प्रधानमंत्री कार्यालय-सह-निवास क्षेत्र आ सुरक्षा प्रतिष्ठान शामिल बा- जवना में से एगो में विशेष संरक्षण समूह (एसपीजी) आ एगो अउरी गेस्ट हाउस बा। रउरा सभे से बता दी कि 7 लोक कल्याण मार्ग (पहिले 7 आरसीआर) में रहे वाला पहिला प्रधानमंत्री राजीव गांधी रहले। राजीव गांधी एह बंगला में साल 1984 में आइल रहले।

 

 

 

585220cookie-checkPM आवास के ऊपर उड़त दिखल ड्रोन, मचल हड़कंप; जांच में जुटल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.