[the_ad_group id="30365"]

UP के सबसे हाईटेक गोरखनाथ थाना के आज उद्घाटन करिहें CM: 5 स्टार होटल से कम नइखे गोरखपुर के ई थाना, 5 मंजिला बिल्डिंग में एस्केलेटर आ सेंट्रलाइज्ड AC

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में पुलिस विभाग के आज एगो बड़ सौगात मिले जा रहल बा। गोरखनाथ मंदिर के लगे बनके तइयार गोरखनाथ थाना के आज मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उद्घाटन करिहें। ई थाना प्रदेश के सबसे हाईटेक पुलिस स्टेशनन में से एगो बा।

कवनो फाॅइव स्टाॅर होटल जइसन हाईटेक सुविधन से लैस एह 5 मंजिला थाना के बिल्डिंग पूरा तरे बनके तइयार हो चुकल बा। गोरखनाथ थाना के संगही मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज एही थाना परिसर से AIIMS थाना के उद्घाटनो करिहें।

17.94 करोड़ के लागत से बनल बा गोरखनाथ थाना

दरअसल, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आवास के लगे इस्थित गोरखनाथ थाना जर्जर हो गइल रहे। एकरा के तुड़ के नया बहुमंजिला भवन बनावल गइल। 17.94 करोड़ करोड़ के लागत से ई थाना बनके तइयार भइल बा। एह थाना में प्रशासनिक भवन, बेसमेंट, ग्राउंड फ्लोर के अलावे तीन मंजिला तक बनके तइयार बा। एकर बेसमेंट एरिया पार्किंग खातिर बा। ग्राउंड फ्लोर पs फीमेल हेल्पडेस्क, पूछताछ आ स्वागत कक्ष, SHO रूम, मालखाना, पुरुष लॉकअप, महिला लॉकअप, शस्त्रागार, कार्यालय, इंट्रोगेशन रूम, मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक बनावल गइल बा।

5 फ्लोर में बा गोरखनाथ थाना

ओहिजा, पहिला फ्लोर पs विवेचना कक्ष, CCTNS रूम, मीटिंग हाल, फीमेल सब इंस्पेक्टर केबिन आ मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक इस्थित बा। सकेंड फ्लोर पs किचेन, मेल सब इंस्पेक्टर केबिन, वाशिंग लॉबी, पैंट्री युक्त डायनिंग हाल आ मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक के सुविधा बा। जबकि, थर्ड फ्लोर पs कुल 40 कांस्टेबल के क्षमता वाला तीन अलग-अलग बैरक, मेल सब इंस्पेक्टर केबिन, मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक बनावल  गइल बा।

का बा गोरखनाथ थाना के खासियत?

  • गोरखनाथ थाना खंभन आ गुंबद के संगे भव्य मंदिर जइसन स्वरूप में नजर आ रहल बा।
  • फरियादियन के सुविधा आ सेवा के अपग्रेड कइल गइल बा।
  • एकर निर्माण के जिम्मेदारी PWD (लोक निर्माण विभाग) के दिहल गइल रहे।
  • 17.95 करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला नया थाना में बेसमेंट आ चार फ्लोर बा।
  • एमें वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग हॉल, मीटिंग हॉल, मनोरंजन कक्ष, 200 सिपाहियन खातिर बैरक, शस्‍त्रागार, मालखाना, आगंतुक कक्ष, कार्यालय, प्रभारी निरीक्षक कक्ष, SI रेस्ट रूम बा।
  • 20 महिला सिपाहियन खातिर रेस्ट रूम वाच टावर बनला के संगही लिफ्टो बा।
  • भवन में एस्केलेटर लगावल गइल बा।
  • पहिला बहुमंजिला थाना बा, पूरा थाना सेंट्रलाइज्ड एयर कंडीशन बा।
एम्स थाना के भवन, थाना आज से अस्त्तिव में आई।

एकरा संगही AIIMS थाना बा पूरा तरे हाईटेक

एकरा संगही आज से गोरखपुर में एगो आउर नया थाना AIIMS सुरू हो जाई। 3 मंजिला एह थाना के बिल्डिंग पs 5.42 करोड़ रुपिया के लागत आइल बा। इहां ग्राउंड फ्लोर पs स्वागत कक्ष, टॉयलेट सुविधायुक्त शिकायत कक्ष, टॉयलेट सुविधायुक्त SHO रूम, SI रूम, स्टाफ रूम, मेल लॉकअप, फीमेल लॉकअप, मालखाना, कार्यालय, मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक बनावल गइल बा।

थाना में बा ई सब सुविधा

पहिला फ्लोर पs SI रूम, पैंट्री, ड्रेसिंग रूम आ टॉयलेट के सुविधा से युक्त फीमेल रेस्ट रूम, मीटिंग हाल, सर्विलांस रूम, मालखाना, कम्प्यूटर आ सर्वर रूम, डायल 100 कंट्रोल रूम आ मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक के निर्माण कइल गइल बा। जबकि सेकेंड फ्लोर पs बैरक, हेड कांस्टेबल रूम, SI रूम, स्टोर युक्त किचन, डायनिंग हाल, लॉबी आ मेल-फीमेल टॉयलेट ब्लॉक के सुविधा बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]