[the_ad_group id="30365"]

Kushinagar: पीएम मोदी के सात जुलाई के कुशीनगर दौरा स्थगित, जानीं अब कब होई कार्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर: कृषि आ प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय के शिलान्यास आउर जनसभा खातिर कुशीनगर के बरवा फार्म में आयोजित कार्यक्रम भारी बरखा के चलते सभास्थल पs पानी भर गइला के कारण स्थगित कs दिहल गइल बा। प्रधानमंत्री इहां सात तारीख आ मुख्यमंत्री चार तारीख के आवे वाला रहस।

प्रदेश के कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही सोमार के कार्यक्रम स्थल पs तइयारी के जायजा लेवे आइल रहलें। ओह दौरान भारी बरखा के कारण कार्यक्रम स्थल पs जलभराव हो गइल रहे। यऊ अपना फेसबुक एकाउंट पs ई जानकारी साझा कइले बाड़ें कि सोमार के कुशीनगर में भारी बरखा भइला से सभास्थल पs पानी लगला के कारण प्रधानमंत्री के तरफ से सात जुलाई के महात्मा बुद्ध कृषि के शिलान्यास के कार्यक्रम आ मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बरवा आलू शोध प्रक्षेत्र में होखे वाला बैठक स्थगित हो गइल बा।

अब ई कार्यक्रम अक्टूबर भा नवंबर महीना में प्रधानमंत्री के सुविधानुसार होई। कुशीनगर के एसपी धवल जायसवाल बतवलें कि बरखा के कारण ई कार्यक्रम स्थगित हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]