स्पोर्ट्स डेस्क। स्टार क्रिकेटर यशस्वी जायसवाल आ महिला क्रिकेटर शेफाली वर्मा डोप टेस्ट ना देवे के ममिला में मुश्किल में फंस गइल बा लोग। नेशनल एंटी डोपिंग एजेंसी (नाडा) दुनो खिलाड़ियन के नोटिस जारी कइले बा।
नाडा दुनो क्रिकेटरन के खिलाफ “व्हेयर अबाउट फेल्योर” माने बतावल गइल ठिकाना पs मवजूद ना मिलला के आधार पs पहिला “मिस टेस्ट” दर्ज कइले बा। हालांकि दुनो खिलाड़ी के आपन पक्ष रखे आ सफाई देवे के मवका दिहल गइल बा।
का हो सकेला कड़ा कार्रवाई?
जदि 12 महीना के भीतर कवनो खिलाड़ी के खिलाफ तीन गो “मिस टेस्ट” दर्ज हो जाला, तs ओकरा के एंटी डोपिंग नियम के उल्लंघन के दोषी मानल जाला।
अगर सुनवाई के दौरान खिलाड़ी आपन बेगुनाही साबित ना कs पावेला, तs ओकरा पs दू साल तक के प्रतिबंध लाग सकेला।
यशस्वी 17 दिसंबर के टेस्ट ना देलें
यशस्वी जायसवाल आ शेफाली वर्मा दुनो नाडा के रजिस्टर्ड टेस्टिंग पूल (आरटीपी) में सामिल बा लोग। एह सूची में सामिल खिलाड़ियन के आपन लोकेशन आ समय के जानकारी नाडा के देवे के पड़ेला, ताकि डोप कंट्रोल ऑफिसर (डीसीओ) कवनो समय सैंपल ले सके।
नाडा के नोटिस के मोताबिक, बीतल साल 17 दिसंबर के यशस्वी जायसवाल आ 7 नवंबर के शेफाली वर्मा के डोप टेस्ट खातिर डीसीओ पहुंचल रहलें, बाकिर दुनो खिलाड़ी ओला मवजूद ना मिलल लोग।
एह ममिला में नाडा एह साल 18 आ 20 फरवरी के दुनो खिलाड़ी से जवाब मंगले रहे, बाकिर कवनो जवाब ना मिलला पs पहिला मिस टेस्ट दर्ज कs लिहल गइल।
बीसीसीआई आ आईसीसी के दिहल गइल जानकारी
मिस टेस्ट दर्ज होखला के बादो दूनो क्रिकेटर के सात दिन के समय सफाई देवे खातिर दिहल गइल बा। एह ममिला के जानकारी बीसीसीआई आ आईसीसी के दे दिहल गइल बा।
अब यशस्वी आ शेफाली के बहुत सतर्क रहे के जरूरत बा। अगर दुनो के खिलाफ दू गो आउर मिस टेस्ट दर्ज हो गइल, तs बड़ कार्रवाई हो सकेला।
फिलहाल नाडा के आरटीपी में अभिषेक शर्मा, अक्षर पटेल, शुभमन गिल, हार्दिक पंड्या, जसप्रीत बुमराह, ऋषभ पंत, केएल राहुल, अर्शदीप सिंह, तिलक वर्मा, दीप्ति शर्मा आ रेणुका सिंह जइसन खिलाड़ी सामिल बा लोग।







