Vaibhav Sooryavanshi : 15 बरिस के उमिर में दुनिया के चउका रहल बाड़ें वैभव सूर्यवंशी, फेर कइलें कमाल, मात्र 514 गेना में बनवलें ई रिकॉर्ड

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट के उभरत सितारा वैभव सूर्यवंशी लगातार रिकॉर्ड बुक बदलत जा रहल बाड़ें। आईपीएल 2026 में राजस्थान रॉयल्स खातिर खेलत ई 15 बरिस के बल्लेबाज सनिचर के एगो आउर अनोखा वर्ल्ड रिकॉर्ड

Share

Vaibhav Sooryavanshi

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट के उभरत सितारा वैभव सूर्यवंशी लगातार रिकॉर्ड बुक बदलत जा रहल बाड़ें। आईपीएल 2026 में राजस्थान रॉयल्स खातिर खेलत ई 15 बरिस के बल्लेबाज सनिचर के एगो आउर अनोखा वर्ल्ड रिकॉर्ड अपना नावें कs लेलें। गुजरात टाइटंस के खिलाफ मैच में वैभव मोहम्मद सिराज के पहिलका गेना पs जोरदार छक्का जड़ देलें। एह छक्का के संगे ऊ टी20 क्रिकेट में सबसे कम गेना में 100 छक्का पूरा करे वाला दुनिया के पहिला बल्लेबाज बन गइलें। वैभव ई मुकाम खाली 514 गेना में हासिल कइलें, जवन अब तक के सबसे तेज आंकड़ा बा।

अभिषेक शर्मा के छोड़लें पीछे

एह उपलब्धि के संगे वैभव भारत के विस्फोटक बल्लेबाज अभिषेक शर्मा के पीछे छोड़ देलें। एतना कम उमिर में अइसन रिकॉर्ड बनावल उनकर टैलेंट आ निडर बल्लेबाजी के बड़ सबूत मानल जा रहल बा।

वैभव पहिले से आईपीएल इतिहास में सबसे तेज शतक लगावे वाला भारतीय बल्लेबाज बन चुकल बाड़ें। ऊ आईपीएल 2025 में गुजरात टाइटंस के खिलाफ 35 गेना में आ आईपीएल 2026 में सनराइजर्स हैदराबाद के खिलाफ 36 गेना में शतक ठोक चुकल बाड़ें।

पावरप्ले के नया सिक्सर किंग

गुजरात टाइटंस के खिलाफ वैभव खाली 16 गेना में 36 रन बनवलें। उनका पारी में तीन छक्का आ तीन चौका सामिल रहे। खास बात ई रहल कि तीनों छक्का पावरप्ले में आइल। एकरा संगही वैभव अब आईपीएल के एक सीजन के पावरप्ले ओवर में सबसे जादे छक्का लगावे वाला बल्लेबाज बन गइल बाड़ें।

आईपीएल सीजन में पावरप्ले में सबसे जादे छक्का:

खिलाड़ी सीजन पावरप्ले (1-6 ओवर) में छक्का
वैभव सूर्यवंशी 2026 30*
अभिषेक शर्मा 2024 29
अभिषेक शर्मा 2026 27*
सनथ जयसूर्या 2008 22
ट्रेविस हेड 2024 22
यशस्वी जायसवाल 2025 22

भविष्य के सुपरस्टार

वैभव सूर्यवंशी जवना अंदाज में रिकॉर्ड पs रिकॉर्ड बनावत बाड़ें, ओकरा से साफ बा कि भारतीय क्रिकेट के एगो नया सुपरस्टार मिल गइल बा। खाली 15 बरिस के उमिर में उनकर आत्मविश्वास, पावर हिटिंग आ बड़ मंच पर प्रदर्शन सब केहू के हैरान कs देले बा।

गुजरात टाइटंस के विशाल स्कोर

मैच में पहिले बल्लेबाजी करत गुजरात टाइटंस 20 ओवर में 229/4 रन के बड़ स्कोर खड़ा कइलस। कप्तान शुभमन गिल 44 गेना में 84 रन, साई सुदर्शन 36 गेना में 55 रन आ वॉशिंगटन सुंदर 20 गेना में नाबाद 37 रन बनवलें। राजस्थान के गेंदबाजन पs गुजरात के बल्लेबाजन जमके हमला बोलल लोग आ आखिरी ओवर में 21 रन बटोर लिहल। जवाब में राजस्थान के टीम 16.3 ओवर में 152 रन पs सिमट गइल। वैभव के अलावे रवींद्र जडेजा 38 रन बनवलें।

Read Also: Dope Test : मुश्किल में यशस्वी आ शेफाली, डाेप टेस्ट ना देला पs नाडा भेजलस नोटिस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.