पटना। बिहार में लगातार अलग-अलग इलाका में रोज बरखा हो रहल बा। पिछिला 24 घंटा में पटना, पूर्णिया, अररिया, वैशाली, भोजपुर, समस्तीपुर आ पूर्वी चंपारण में आंधी-बरखा भारी तबाही मचवले बा।
पटना में 500 से जादे पेड़ टूट के गिर गइल। पेड़ के नीचे दबला से तीन लोगन के मौत हो गइल। ओहिजा वैशाली में 2, भोजपुर में 1 आ समस्तीपुर में 1 आदमी के जान वज्रपात के चपेट में आवे से चल गइल।
आज फेर मौसम विज्ञान केंद्र बिहार के सब 38 जिलन में तेज आंधी आ भारी बरखा के रेड अलर्ट जारी कइले बा। एह दौरान ओला गिरे के संभावना जतावल गइल बा। मौसम विभाग लोगन से सतर्क आ सावधान रहे के सलाह देले बा।
सुक के सांझ पटना के मौसम अचानक बदल गइल। 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चलल तेज आंधी से भारी नुकसान भइल। करीब 500 से जादे पेड़ सड़क पs गिर गइल।
बेली रोड, गर्दनीबाग, वीरचंद्र पटेल रोड सहित कइयन गो इलाका में पेड़ गिरला से यातायात पूरा तरे बाधित हो गइल। देर रात तक बेली रोड पs लमहर जाम लागल रहल। खाली दू किलोमीटर दूरी तय करे में लोगन के ढाई घंटा तक लाग गइल।
पटना जू में 35 से जादे पेड़ गिर गइल। हालात एतना खराब रहे कि सनिचर के पटना जू बंद कs दिहल गइल। खराब मौसम के चलते कोलकाता से आवत फ्लाइट के डायवर्ट करे के पड़ल।
पटना के 125 फीडरन से बिजली सप्लाई बंद हो गइल, जवना से लोगन के बहुते परेसानी झेले के पड़ल।
राज्य में कहां केतना तापमान रहे?
मौसम विभाग के मोताबिक, पिछिला 24 घंटा में राज्य के अधिकतम तापमान 30 से 36 डिग्री सेल्सियस के बीच रहे। सबसे जादे तापमान 36 डिग्री सेल्सियस कैमूर में दर्ज कइल गइल।
ओहिजा, न्यूनतम तापमान 20 से 26.6 डिग्री सेल्सियस के बीच रिकॉर्ड भइल। सबसे कम न्यूनतम तापमान 20 डिग्री सेल्सियस फार्बिसगंज में दर्ज कइल गइल।
राज्य में सबसे जादे 54.4 मिमी बरखा ठाकुरगंज में रिकॉर्ड भइल। एह अलावे पलासी में 42.4 मिमी, मानपुर में 22 मिमी, टेढ़ागाछ में 19.6 मिमी आ दिघलबैंक में 19.2 मिमी बरखा दर्ज कइल गइल।
कुमारखंड में 18.2 मिमी, मेसकौर में 17 मिमी, फॉरबिसगंज में 15.2 मिमी आ सासाराम में 13.6 मिमी बरखा रिकॉर्ड कइल गइल बा।







