Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रोमांचक मुकबला में पेनल्टी शूटआउट में देवरिया स्टेडियम जीतल

431

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। फुटबाल के उद्घाटन मुकाबला में रोमांचक पेनल्टी शूटआउट में बेल्थरा रोड के 5-4 से हरवलस। मैच के सुरुआत देवरिया स्टेडियम आ नेशनल टाउन क्लब बेल्थरा रोड के बीच राष्ट्रगान के संगे सुरू भइल। मुख्य अतिथि पूर्व जिला पंचायत सदस्य अखिलेश्वर चौधरी रहलें।  मुख्य निर्णायक लक्ष्मण गुप्ता रहलें।

मैच के पहिला हाफ के 30वां मिनट्स में बेल्थरा रोड के विशाल गोल कइलें। जवना के जवाब में दूसरका हाफ में देवरिया स्टेडियम के फैजल ने गोल कs के दुनो टीमन के बराबरी पs ला देलें। जवना के बाद पेनाल्टी शूटआउट में देवरिया के टीम 5-4 से विजयी रहलें। सईयन के संख्या में लोग खिलाडियन के उत्साहवर्धन कइल।

66वां बरीस के जिला स्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के आयोजन वरिष्ठ खिलाड़ी विजय यादव, मकसूद आलम आ नव युवक आजाद स्पोर्टिंग क्लब कावर से कइल जा रहल बा। मैच के कमेंट्री सुनील यादव गुड्डन कइलें।

एह अवसर पs श्रीकान्त यादव, अवधनारायण यादव, सन्नी यादव, रणविजय कुमार, डब्लू यादव, आदित्य यादव, तौफीक अहमद, संदीप सिंह, सिंटू कुशवाहा, शारदा कुशवाहा, भोलू विश्वकर्मा, संदीप सिंह, मुलायम यादव आदि लोग उपस्थित रहल।

706890cookie-checkरोमांचक मुकबला में पेनल्टी शूटआउट में देवरिया स्टेडियम जीतल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.