[the_ad_group id="30365"]

मेसी के वर्ल्ड कप फाइनल जर्सी के नीलामी होई: 83 करोड़ मिले के उम्मीद; मारोडोना के हैंड ऑफ जर्सी 74.14 करोड़ में बिकल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फीफा फुटबॉल वर्ल्ड कप 2022 विजेता टीम के कप्तान लियोनल मेसी के टूर्नामेंट में पहिनल गइल 6 जर्सी नीलाम कइल जाई। मेसी के फाइनल में पहिनल गइल जर्सी के 83 करोड़ में मिले के उम्मीद बा।

एकरा पहिले माराडोना के हैंड ऑफ जर्सी 2022 में नीलामी में 74.14 करोड़ में बिकल रहे। जवन कवनो फुटबॉल खिलाड़ी के सबसे महंगा बिके वाला जर्सी रहे। लियोनल मेसी के जर्सी के नीलामी न्यूयॉर्क में सोथबी करी।

2022 फीफा वर्ल्ड कप में अर्जेंटीना पेनल्टी शूट आउट में फ्रांस के हरवले रहे 

2022 में कतर में भइल फीफा फुटबॉल वर्ल्ड कप में अर्जेंटीना फाइनल में फ्रांस के पेनल्टी शूटआउट में हराके खिताब अपना नामे कइले रहे। दुनो टीम में निर्धारित समय में 2-2 के बराबरी पs रहे। ओहिजा एक्सट्रा टाइम के बादो स्कोर 3-3 से बराबर रहे। जवना के बाद विजेता के फैसला पेनल्टी शूटआउट से भइल।

सोथबी सोमार के कहलस कि ऊ अर्जेंटीना के कप्तान लियोनेल के कतर में पहिनल गइल सात जर्सियन में से छव के न्यूयार्क में बिक्री खातिर रखले रहे। एमे ऊ जर्सियो सामिल रहे, जवन ऊ फ्रांस के खिलाफ फाइनल में ऐतिहासिक जीत के दौरान पहिनले रहस। मेसी टूर्नामेंट में सब 7 मैच खेलले रहस। उनकर 3 लीग मैचन में पहिनल गइल एगो जर्सी नीलामी में सामिल नइखे। काहेकि ऊ ऑस्ट्रेलिया के सदस्य कैमरन डेवलिन के संगे जर्सी के अदला-बदला कइले रहस।

मेसी वर्ल्ड कप के सब मैचन में गोल करे वाला इकलौता फुटबॉलर

मेसी वर्ल्ड कप के कवनो एक सीजन में खेलल गइल सब मैचन में गोल करे वाला इकलौता फुटबॉलर हवे। ऊ फाइनल में फ्रांस के खिलाफ गोल कइले रहस।

नीलामी से पहिले जर्सी के कइल जाई प्रदर्शन

साेथबी के अनुसार जर्सी के नीलमी से पहिले न्यूयार्क में सोथबी के मुख्यालय में जर्सी के प्रदर्शनी 30 नवंबर से 14 दिसंबर के बीच रखल गइल बा। प्रदर्शनी खातिर कवनो शुल्क नइखे रखल गइल।

हैंड ऑफ गोल में पहिनल गइल जर्सी लगभग 75 करोड़ आ फुटबॉल 20 करोड़ में बिकल रहे

हैंड ऑफ गोल में डिएगो माराडोना जवन जर्सी के पहिनले रहस, ऊ नीलामी में 2022 में लगभग 75 करोड़ में बिकल रहे। दरअसल 22 जून के इंग्लैंड-अर्जेंटीना के बीच 1986 वर्ल्ड कप का क्वार्टर फाइनल मुकाबला खेलल जा रहल बा। माराडोना उछलके गेंद के गोल पोस्ट में डाले के कोसिस कइलें। ऊ गेना के अपना माथा से मारल चाहत रहस, बाकिर बॉल उनका माथा के बजाय हाथ से लागल आ गोलकीपर पीटर शिल्टन के छकावत भइल नेट में जा लागल।

एह हैंड बॉल के रेफरी नासेर देख ना पइले आ गोल करार देलें। एह तरे अर्जेंटीना के मैच में 1-0 के बढ़त मिल गइल। अर्जेंटीना मैच 2-1 से जीतल आ सेमीफाइनल में जगह बनवलस। ओहिजा जवना फुटबॉल से उनकर गोल कइल गइल रहे। ऊ 20 करोड़ में नीलाम भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]