[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल : दु गोल से सतरांव के हरा के टाउन क्लब बरहज के हरा सेमीफाइनल में पहुंचल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। क्षेत्र के श्रीअनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव में चल रहल फुटबॉल प्रतियोगिता के तीसरा क्वॉर्टर फाइनल मैच टाउन क्लब बरहज आ सतरांव के बीच राष्ट्रगान के संगे सुरू भइल। जेमे बरहज के टीम सतरांव के 2-0 से हरा देलस। सईयन के संख्या में लोग दुनो टीमन खातिर खिलाडियन के हौसला बढ़वलस।

मुख्य अतिथि बंटी सिंह विशिष्ठ अतिथि मुकेश यादव, रामनारायण योगेंद्र फीता काटके मैच के सुभारंभ कइलस। मैच के पहिला हाफ के 33वें मिनट्स में बरहज 14 नंबर के जर्सी पहिनलें आदित्य यादव ने गोल कs के 1-0 से बढ़त बनवलस आ दूसरका हाफ के 12वां मिनट में प्रतीक कुमार गोल कs के अपना टीम के 2-0 से बढ़त दिलवलें। जवन बरकरार रखत बरहज सतरांव के हरा देलस। मैच के मुख्य निर्णायक लक्ष्मण गुप्ता रहलें। आयोजक मकसूद आलम आ वरिष्ठ खिलाड़ी विजय यादव, कॉमेंटेटर शैलेश कुमार आउर सियाराम यादव रहलें।

एह मैच में विशम्भर यादव, सूर्यप्रकाश मिश्रा, मुकेश यादव, प्रत्यासी धीरज यादव, रणविजय, योगेश, छठु , मुलायम, रोशन, असरफ, रामसमूझ यादव आदि लोग उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]