Canada: कनाडा से भारत आवे वाला यात्रियन के बड़ परेसानी, दुनो देसन के रिश्तन में तनातनी के बीच नया आदेस 

Share

भारत आ कनाडा के बीच रिश्तन में जारी खटास के बीच कनाडा सरकार एगो आउर नया आदेस जारी कइले बा, जवना से कनाडा से भारत आवे वाला यात्रियन के बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ी। दरअसल कनाडा के सरकार कनाडा से भारत आवे वाला लोगन के अतिरिक्त सुरक्षा जांच करे के फैसला कइले बिया। कनाडा के परिवहन मंत्री अनीता आनंद सोमार के एकर जानकारी देली। ऊ लोगन से समय से पहिले एयरपोर्ट पहुंचे के अपील कइली।

यात्रियन के बढ़ी परेसानी

कनाडा के परिवहन मंत्री बतवली कि कनाडा परिवहन कुछ अस्थायी सुरक्षा जांच नियम लागू कइले बा। एकरा चलते यात्रियन के कुछ असुविधा के सामना करे के पड़ सकत बा। ई नियम कनाडा एयर ट्रांसपोर्ट सिक्योरिटी अथॉरिटी के ओर से लागू कइल गइल बा। ई एजेंसी हवाई यात्रा करे वाला लोगन के सुरक्षा जांच आ ओकरा सामान के स्क्रीनिंग करे खातिर जिम्मेदार बा। एह आदेस के तहत कनाडा से भारत जाये वाला यात्रियन के अतिरिक्त सुरक्षा जांच के सामना करे के पड़ी।

कनाडा सरकार भारत जाये वाला यात्रियन के चार घंटा पहिले एयरपोर्ट आवे के सलाह देले बा। दरअसल रॉयल कनैडियन पुलिस बीतल दिनन आरोप लगवले रहे कि भारतीय एजेंट्स कनाडा में संगठित अपराध, वसूली आदि अपराधन में सामिल बा लो। अइसन में मानल जा रहल बा कि कनाडा सरकार के नया आदेस एही से प्रभावित बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-