Russia Ukraine War: रूस यूक्रेन पs एगो इंटर कॉन्टिनेंटल माने अंतरमहाद्वीपीय मिसाइल (ICBM) दगले बा। यूक्रेन दावा कइले बा कि युद्ध में पहिला बेर रूस इंटर कॉन्टिनेंटल मिसाइलन से हमला कइले बा।
जानकारी के मोताबिक, आज (21 नवंबर) के सबेरे 5 से 7 बजे के बीच रूस के ओर से ई हमला कइल गइल। आशंका जतावल जा रहल बा कि रूस RS-26 Rubezh मिसाइलन के इस्तेमाल कइले बा।
एह मिसाइल के रेंज 5,800 किमी बा। यूक्रेन के वायुसेना एह हमला के पुष्टि कइले बा। एह मिसाइल के अलावे किंझल हापरसोनिक आ केएच-101 क्रूज मिसाइलन से हमला कइल गइल बा।
यूक्रेन के इंटेलिजेंस कइले रहे आगाह
गौर करे वाला बात कि 20 नवंबर के यूक्रेन के इंटेलिजेंस दावा कइले रहे कि रूसी सेना इंटरकॉन्टीनेंटल बैलिस्टिक मिसाइल RS-26 Rubezh के दागे के तइयारी कs रहल बा।
हाले में रूस दावा कइले रहे कि ओकरा हवाई डिफेंस सिस्टम दुगो ब्रिटिश स्टॉर्म शैडो मिसाइलन के मार गिरवले बा।
सोशल मीडिया पs एह हमला के वीडियो शेयर कइल जा रहल बा।
निप्रो शहर के रूस बनवले रहे निशाना
रूस बीतल रात यूक्रेनी शहर निप्रो (Dnipro) के निशाना बनवले रहे। क्रेन के वायुसेना बियफे के टेलीग्राम पs एगो बयान में कहल गइल कि रूस के अस्त्रखान क्षेत्र से ई मिसाइल दागल गइल बा।
हाले में अमरेकी राष्ट्रपति जो बाइडन यूक्रेन के अमेरिका निर्मित लमहर दूरी के मिसाइलन के उपयोग के हरियर झंडी देले रहे। एकरा बाद यूक्रेन रूस पs मिसाइल दगले रहे। मानल जा रहल बा कि यूक्रेन के हमला के रूस जवाब देले बा।
केतना खतरनाक बा ICBM?
बता दीं कि आईसीबीएम रणनीतिक हथियार हs, परमाणु हथियार पहुंचावे खातिर डिजाइन कइल गइल बा आ ई रूस के परमाणु निवारक के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा बा। रूस आ यूक्रेन के बीच फरवरी 2022 में युद्ध छिड़ गइल रहे। हाले में युद्द 1000 दिन पूरा हो गइल।