PM Modi: गयाना आ बारबाडोस पीएम मोदी के दिही सर्वोच्च सम्मान; कुछ दिन पहिले डोमिनिका कइले रहे एलान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गयाना आ बारबाडोस में सर्वोच्च सम्मान दिहल जाई। जहां गयाना में पीएम मोदी के सर्वोच्च राष्ट्रीय सम्मान- द ऑर्डर ऑफ एक्सीलेंस से सम्मानित कइल जाई, ओहिजा बारबाडोस में पीएम मोदी के

Share

पीएम मोदी। - फोटो : एक्स/@narendramodi/वीडियो ग्रैब

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गयाना आ बारबाडोस में सर्वोच्च सम्मान दिहल जाई। जहां गयाना में पीएम मोदी के सर्वोच्च राष्ट्रीय सम्मान- द ऑर्डर ऑफ एक्सीलेंस से सम्मानित कइल जाई, ओहिजा बारबाडोस में पीएम मोदी के प्रतिष्ठित ऑनररी ऑर्डर ऑफ फ्रीडम ऑफ बारबाडोस सम्मान दिहल जाई।

एकरा पहिले डोमिनिका हाले में पीएम मोदी के सर्वोच्च सम्मान देले रहे। अभी ले प्रधानमंत्री के दुनियाभर में 19 देसन के ओर से राष्ट्रीय सम्मान मिल चुकल बा।

नाइजीरिया कइले बा सम्मानित

एकरा पहिले नाइजीरिया अतवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अपना दूसरका सबसे बड़ राष्ट्रीय सम्मान ‘ग्रैंड कमांडर ऑफ द ऑर्डर नाइजर’ से सम्मानित कइल। एह सम्मान के संगही प्रधानमंत्री मोदी दूसरका अइसन बिदेसी नेता बन गइल बाड़ें, जेकरा के प्रतिष्ठित पुरस्कार प्रदान कइल गइल बा।

पुरस्कार प्राप्त कइला के बाद पीएम मोदी कहलें

‘नाइजीरिया के ‘ग्रैंड कमांडर ऑफ द ऑर्डर ऑफ द नाइजर’ पुरस्कार से सम्मानित होखला पs हम बहुते गौरवान्वित महसूस कs रहल बानी। हम एकरा के बड़ विनम्रता के संगे स्वीकार करत बानी आ एकरा के भारत के लोगन के समर्पित करत बानी।’ मोदी के दिहल गइल ई 17वां अंतरराष्ट्रीय पुरस्कार हs। एकरा पहिले 1969 में ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के एह पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.