Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News: स्पाइस जेट के सब उड़ान 31 जुलाई ले रद्द, परेशान यात्री तलाश रहल बानें विकल्प

594

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) के प्रतिबंध के असर विमान कंपनी स्पाइस जेट के गोरखपुर एयरपोर्ट से होखे वाली उड़ान पर भी पड़ल बा। स्पाइस जेट के 31 जुलाई ले सब उड़ान रद्द कs देहल गइल बा। यात्री अब यात्रा खातिर नया विकल्प तलाश रहल बानें। विमान सेवा मुंबई, दिल्ली, कानपुर अउरी वाराणसी खातिर रहल।

स्पाइस जेट के मुंबई के उड़ान बृहस्पतिवार के भी रद्द रही। अचानक उड़ान रद्द होखले से यात्री परेशान रहलें। संबंधित शहर के यात्रा खातिर विकल्प तलाशत दिखलें। एही बीच सूचना आईल कि शुक्रवार से 31 जुलाई तक मुंबई, दिल्ली, कानपुर अउरी वाराणसी खातिर विमान कंपनी आपन सब उड़ान रद्द क देहले बा।

उड़ानें रद्द होखे से परेशान यात्री इंडिगो के विमान में टिकट करा रहल बाने। कुछ ट्रेन में सीट तलाश रहल बाने। आशंका बा कि गोरखपुर से स्पाइस जेट के उड़ान आगे भी प्रभावित हो सकत बा। गोरखपुर एयरपोर्ट के मुख्य सुरक्षा अधिकारी विजय कौशल के कहनाम बा कि फिलहाल, 31 जुलाई ले स्पाइस जेट के गोरखपुर से सब उड़ान रद्द होखे के सूचना मिलल बा।

तकनीकी खामी से बीच रास्ता से मुंबई लौटल रहल विमान

28 मई के सुबह मुंबई से उड़ान भरले के कुछ देर बाद स्पाइस जेट के विमान में तकनीकी खराबी आ गइल रहे, जेसे विमान के मुंबई लौटे के पड़ल रहल। ई विमान सुबह 5:55 बजे मुंबई से उड़ान भ केर 8:25 बजे गोरखपुर पहुंचsला। 28 मई के तय समय से उड़ान भरने के एक घंटे बाद खराबी आ गइल बा। एह कारण पायलट के विमान मुंबई के तरफ मोड़े के पड़ल रहे।

एक महीना से बा दिक्कत

बीतल एक महीना में स्पाइस जेट के कई विमान में तकनीकी खामी सामने आईल बा। एकरे बाद आठ सप्ताह खातिर स्पाइसजेट के पचास फीसदी उड़ान पर रोक लगा देहल गइल बा। एक अप्रैल से पांच जुलाई के बीच विमानन में गड़बड़ियन के बाद जारी कारण बताओ नोटिस पर कंपनी के जवाब के समीक्षा के बाद डीजीसीए प्रतिबंध लगा देहले बा।

302570cookie-checkUP News: स्पाइस जेट के सब उड़ान 31 जुलाई ले रद्द, परेशान यात्री तलाश रहल बानें विकल्प

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.