Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 29, 2022

बिहार: पटना में जुवक के हत्या कs के पुनाईचक राधा मंदिर के पीछे फ़ेंकल गइल शव, पुलिस तीन स्मैकरन के लेलस हिरासत में। मृतक पिंटू गांधी मैदान लगे एगो निजी कंपनी में चपरासी के काम

Share

  1. बिहार: पटना में जुवक के हत्या कs के पुनाईचक राधा मंदिर के पीछे फ़ेंकल गइल शव, पुलिस तीन स्मैकरन के लेलस हिरासत में। मृतक पिंटू गांधी मैदान लगे एगो निजी कंपनी में चपरासी के काम करत रहे।
  2. बिहार: सुखा से परेसान किसानन के डीजल पs अनुदान दिही सरकार, पटवनी करे खातिर 60 रुपिया प्रति लीटर मिली डीजल किसानन के डीजल अनुदान योजना के तहत।
  3. उत्तरप्रदेश: यूपी में 32 नगरीय निकायन के अध्यक्षन पs कार्रवाई के तइयारी, योगी सरकार तइयार कइलस लिस्ट। ई अध्यक्ष लोग लोकायुक्त सतर्कता आ ईओडब्ल्यू जइसन जांचन में पावल  गइल बा लो आरोपित।
  4. उत्तर प्रदेश: उत्तर प्रदेश के सब जेलन के होई सघन तलाशी, कारागार मंत्री धर्मवीर प्रजापति देले निरदेस।
  5. झारखंड: धनबाद जज मर्डर केस, राहुल वर्मा आ लखन वर्मा दोसी करार, 6 अगस्त के सजा सुनाई अदालत। धनबाद के अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश उत्तम आनन्द के हत्या 28 जुलाई 2021 के भइल रहे।
  6. कॉमनवेल्थ गेम्स के शानदार आगाज, राष्ट्रपति भारतीय टीम के देली शुभकामना।
  7. गिरफ्तारी के बाद ममता के एक्शन, पार्थ से मंत्री आ पार्टी पद छिनल गइल।
  8. ‘राष्ट्र पत्नी’ वाला बयान पs संसद में सोनिया आ स्मृति के बीचे नोकझोंक।
  9. कॉमनवेल्थ गेम्स में आज 16 गोल्ड मेडलन के फसिला: भारत के 9 मुकाबला, बैडमिंटन में साँझ 6:30 बजे पाक से भीड़ी, महिला क्रिकेट में ऑस्ट्रेलिया से मैच।
  10. भारत VS वेस्टइंडीज पहिला टी-20 मैच आज: सीरीज में पाकिस्तान आ इंग्लैंड के रिकॉर्ड तुरे के इरादा से उत्तरी टीम इंडिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.