Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 खबर

1,005
  1. बिहार: महिला लोगन खातिर सरकारी नौकरी के शानदार मौका, 10 हजार से बेसी पदन पs सुरू भइल नियुक्ति। स्वास्थ विभाग में बड़ स्तर पs बहाली खातिर नोटिफिकेशन जारी भइल।
  2. बिहार: मुजफ्फरपुर के ‘भिंडी’ बढ़ा रहल बिया मुंबई वाशियन के जायका, किसानन के संगे-संगे रेलवे के चांदी। पवन एक्सप्रेस से भेजल गइल रहे पहिला खेप। एगो खेप पs 23 से 25 हजार के मुनाफा।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में बन रहल बा अब सूखा अइसन हालात, अब ले मात्र 40% बारिश; किसानन के माथा पs चिंता के लकीर।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में एक महीना बाद मिलल 500 से जादे कोरोना संक्रमन के केस, अब कुल 2,966 एक्टिव केस।
  5. झारखंड: पद्मश्री सिमोन उरांव के पैरालाइसिस अटैक, गंभीर इस्तिथी में रांची रिम्स में करावल गइले भर्ती। झारखंड के जल पुरुष कहल जाले।
  6. पटना में पत्रकार खुद के मरले गोली: JDU नेत्री से रहे अफेयर, बोलले रहली- मरs, हम न्यूज देखे खातिर बइठल बानी; हालत गंभीर।
  7. पार्थ चटर्जी के 15 आउर ठिकानन पs छापा के तइयारी: पूर्व मंत्री बोलले- साजिश के तहत फसावल गइल, अस्पताल ले जात घरी अर्पिता बेहोश।
  8. महाराष्ट्र में भाजपा आ शिंदे गुट में कैबिनेट फॉर्मूला पs बनल सहमति, जल्दिये होई मंत्रिमंडल के विस्तार।
  9. कॉमनवेल्थ गेम्स: TT में भारत के शानदार सुरुआत, साउथ अफ्रीका के 3-0 से हरवलस। पहिला गोल्ड इंग्लैंड के नामे।
  10. भारत Vs वेस्टइंडीज पहिला टी-20 मैच आज: रेगुलर कप्तान रोहित शर्मा समेत सीनियर खेलाड़ियन के हो रहल बा वापसी।
302910cookie-checkसाँझ के 10 खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.