Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घाटशिला : कांबिंग के दौरान पहाड़ से उतरत में अचेत भइल सीआरपीएफ जवान, अस्पताल पहुंचले से पहिले भइल मौत

198

घाटशिला थाना क्षेत्र के बासाडेरा से सटल पहाड़न पs नक्सलियन के खिलाफ चलावल जा रहल अभियान में सामिल सीआरपीएफ के जवान शुरु हांसदा (57) के  सोमवार के साँझ मौत हो गइल. जानकारी के मुताबिक सीआरपीएफ -193 एफ कंपनी के जवान शुरु हांसदा पहाड़ पर से उतरत वक्त बेहोश होके गिर गइल रहने. ओनके इलाज खातिर उनके घाटशिला अनुमंडल अस्पताल लावल गइल, जहवां डाक्टर उनके मृत घोषित कs देहने. शुरु हांसदा बहरागोड़ा थाना क्षेत्र के कुटशोल के रहे आला रहनें अउर विगत दू साल से सीआरपीएफ कैंप कालचिति पिकेट में तैनात रहनें.  घाटशिला अनुमंडल अस्पताल में उनकर पत्नी डुमनी हांसदा अउर भाई लंबोदर हांसदा पहुंचल रहनें. उनकर चार बेटी में से दू के शादी हो चुकल बा. हांसदा के शव मंगलवार के पोस्टमार्टम खातिर एमजीएम जमशेदपुर भेजल जाई.

पोस्टमार्टम रिपोर्ट से पता चली कससे भइल मौत 

घाटशिला के थाना प्रभारी शंभू नाथ गुप्ता कहनें कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइले के बाद जवान के मौत के कारण के खुलासा भइले के उम्मीद बा. जानकारी के अनुसार सोमवार के साँझ थाना क्षेत्र के कालचिति पंचायत के बासाडेरा पहाड़न पs एएसआई अजीत कुमार सिंह के नेतृत्व में नक्सलियों के खिलाफ अभियान चलावल जात रहल. अजीत कुमार सिंह बतवने कि पहाड़ से उतरते में शुरु हांसदा के तबीयत खराब होखे लागल अउर ऊ बेहोश होके गिर गइने. ओनके अस्पताल लेआवल गइल, जहवां डॉक्टर ओनके मृत घोषित कs देहने.

228280cookie-checkघाटशिला : कांबिंग के दौरान पहाड़ से उतरत में अचेत भइल सीआरपीएफ जवान, अस्पताल पहुंचले से पहिले भइल मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.