[the_ad_group id="30365"]

AHMEDABAD BLAST CASE: 38 के सजा-ए-मौत, 11 दोसीयन के आजीवन कारावास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अहमदाबाद में 2008 में भइल बम धमाकन् के दोसीयन के 13 बरिस बाद सजा सुनावल गइल बा। गुजरात के विसेस अदालत एह सीरियल बम बलास्ट के 38 दोसीयन के सजा-ए-मौत दे देले बिया। ओहिजा 11 गो लोगन के आजीवन के सजा सुनावल गइल बा। कोर्ट पिछिला मंगर के एह ममिला में सुनवाई कs लेले रहे आ 49 लोग के पहिलही दोसी करार देले रहे।

 

 

28 आरोपियन के बरी कs देहल गइल रहे

अदालत एह ममिला में 49 लोग के दोसी करार देले रहे आ 28 आउर आरोपियन के बरी कइले रहे। 13 बरिस से बेसी पुरान एह ममिला में अदालत पिछिला साल सितंबर में मुकदमा के कार्यवाही पूरा कs लेले रहे। पुलिस दावा कइले रहे कि आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिद्दीन से जुड़ल लोग साल 2002 में गुजरात दंगा के बदला लेवे ला एह हमलन के अंजाम देहल गइल रहे। जवना में अल्पसंख्यक समुदाय के कव गो लोग मारल गइल रहे।

 

एक के बाद एक धमाकन से हिल गइल रहे अहमदाबाद

26 जुलाई 2008 के 70 मिनट के अवधि में भइल 21 बम धमाका अहमदाबाद के हिला के राख देले रहे। एह मामलन में 56 लोगन के मौत भइल रहे आ 200 से बेसी लोग घायल भइल रहे। पुलिस दावा कइले रहे कि आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिद्दीन से जुड़ल लोग साल 2002 में गुजरात दंगा (गोधरा कांड) के बदला लेवे ला एह हमलन के अंजाम देहल गइल रहे। जवना में अल्पसंख्यक समुदाय के कव गो लोग मारल गइल रहे।

 

78 आरोपियन से भइल रहे मुकदमा के सुरूआत

अहमदाबाद में एक के बाद एक भइल धमाकन के कुछ दिन बाद पुलिस सूरत के कई गो इलाकन से बम बरामद कइल गइल रहे। एकरा बाद अहमदाबाद में 20 आ सूरत में 15 गो एफआईआर के एक संगे जोड़ देला के बाद दिसंबर 2009 में 78 आरोपियन के खिलाफ मुकदमा के सुरूआत भइल रहे। एमे से एगो आरोपी बाद में सरकारी गवाह बन गइल रहे। एह ममिला में बाद में चार गो आउर आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल रहे, बाक़िर ओकर मोकदमा अभी ले सुरू नइखे हो सकल। ममिला के सुनवाई में अभियोजन 1100 गवाहन के जांच कइलस।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]